नारायणी रंगशाला पुननिर्माण खातिर विशेष बजेट के मांग कईले सांसद यादव

166

वीरगंज, २० जेठ ।

संघीय समाजवादी पार्टी नेपाल के पर्सा जिल्ला अध्यक्ष आ प्रतिनिधिसभा सदस्य सांसद यादव देश के सब से पुरान रंगशाला के रूप मे रहल नारायणी रंगशाला के पुननिर्माण खातिर विशेष बजेट के मांग कईले बाड़े ।

बजेट सम्बन्धी बतकही मे संघीय संसद मे बोलत सांसद यादव नारायणी रंगशाला देश के ही पुरान रंगशाला भईला से राज्य एकर मरमत खातिर विशेष बजेट निकाल के कोमा मे चल गईल यी रंगशाला के सुधार करे खातिर निहोरा कईले ।

सांसद यादव दशरथ रंगशाला के बाद देश के दुसारका रंगशाला के रूप मे रहल नारायणी रंगशाला के मरमत आ पुननिर्माण मे राज्य बेवस्ता ना कर के एकर पुननिर्माण अगर कर देवे त यी अन्तराष्ट्रीय स्तर के रंगशाला के रूप मे बिकास कईल जा सकता बतवले ।

नारायणी रंगशाला के अपने १८ बिगहा जमीन बा । २०४२ साल मे स्थानीय लोग द्वारा बनावल गईल यी रंगशाला मे उ समय के पंचायती व्यवस्था के सरकार भी एक पैसा के सहयोग ना कईले रहे, सांसद यादव बतवले । स्थानीय के सहयोग मे बनल यी रंगशाला के कमे पैसा के जरूरी बा पर कोमा मे गईल यी रंगशाला के मरमत आ पुननिर्माण के जरूरी भईला से विशेष बजेट के ब्यावस्था करे के सांसद यादव निहोरा कईले ।

अन्तराष्ट्रीय स्तर के रंगशाला भईला से मरमत आ पुननिर्माण से एकरा के फेरु से नया सिरे से खाड़ा कर के अन्तराष्ट्रीय खेल समेत खेलावल जा सकता जानकारी करवले । जदी सरकार यी रंगशाला के मरमत कर के अभी के अवस्था मे नईखे बना सकत त पूरा ध्वस्त हो गईला पर अभी के सरकार के यी रंगशाला बनावे के बहुते समस्या होई सांसद यादव बतवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here