नारायणी अस्पताल के लापरवाही लड़का के लड़की बतवले परिवार द्वारा DNA परिक्षणके मांग

471
फोटो – आपन बीरगंज

बीरगंज मंगलबार, फागुन-८

आजू सबेरे बीरगंज बहुवरी निवासी सूरज जी के पत्नी के प्रसव पीड़ा शुरू भईला पर एम्बुलेंस बोला के नारायणी उप-क्षेत्रीय स्पताल बीरगंज ले जाए के क्रम में बीरगंज घंटाघर चहूपत चहूपत एम्बुलेंसे में बेटा के जनम देहली ।

ओही हालतमें जच्चा बच्चा दुनु के नारायणी स्पतालले जाके भर्ती कईल गईल । २ घंटा बितला के बाद डाक्टर सारा परिवार के बेटा ना बेटी भईल बा कहके जानकारी करवलन । डाक्टर के बात सुनते परिवारवाला लोग भड़क गईले अउरी रोड पर आग जरावते नारायणी स्पताल के बिरोध करे लागल लोग ।

अभीन परिवार लोग नेपाल प्रहरी में उजुरी देत DNA टेस्ट करे के मांग कइले बा लोग । स्पताल जइसन समबेदंशील जगह पर अईसन लापरवाही आखिर सम्बंधित निकाय कान में तेल डाल के काहे सुतल बा । सब कोई के जानकारी होखे के चाहि की नारायणी स्पताल के यी पहिलका घटना ना ह ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here