नारायणी स्पताल के शुल्क बृद्धि से आम जनता परेशान, फिर्ता करावे खातिर सामाजिक युवा नेता सर्राफ के संघर्ष जारी

160
बीरगंज महानगपलिका कार्यालय मे नारायणी स्पताल के शुल्क बृद्धि पर बतकही करत युवा समूह

बीरगंज, १९ चईत

नारायणी उपक्षेत्रीय स्पताल मे स्वास्थ्य चिकित्सकीय सेवा वापत बढ़ावल गईल शुल्क फिर्ता करे के पहल खातिर युवा नेता ओम प्रकाश सर्राफ के अगुवाई मे युवा समाज द्वारा बीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय सरावगी के ध्यानाकर्षण करावल गईल । साथ साथे नारायणी स्पताल के स्तर उन्नति आ सेवा सुबिधा बढ़िया बानवे के संदर्भ मे भी बतकही भईल ।

यीहे बिषय पर कुछ दिन पहिले क्रमश: अस्पताल मेसु डा. इमामूल हक, प्रमुख जिल्ला अधिकारी बिनोद प्रकाश सिंह आ आजू मेयर बिजय सरावगी के ध्यानाकर्षण करावल गईल ।

आम जनता के स्वास्थ्य सेवा से बंचीत करे हतोत्साहित करत बढ़ावल गईल शुल्क फिर्ता ना होई त मजबूरी मे संघर्ष मे जाएके अवस्था अईला पर सब कोई के एक जुट होके आपन समर्थन आ एक्बयबद्धता आ सहभागिता के हार्दिक आग्रह भी कईल गईल ।

संघही यी गंभीर आ संबेदनशील बिषय पर दवाव सृजना करे के सभी मानवअधिकारकर्मी, संचारकर्मी, नागरिक समाज, सामाजिक अभियंता आ उपभोक्ता  हक हित के खातिर आपन आपन स्तर से आवाज उठावे के संघ संस्था लगायत सब कोई के अपील कईल गईल ।

आजू के यी ध्यानाकर्षण टोली मे बीरगंज युवा समाज के अध्यक्ष कमल चौगाई, सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु, दिपु बर्णवाल लगायत के सहभागिता रहल ओइसे ही यी ध्यानाकर्षण के सवाल पर बीरगंज महानगरपालिका वाड न. ४ के वडा अध्यक्ष जगत कानू, वाड न. ५ के वडा अध्यक्ष प्रदीप चौरसिया आ वडा न. ७ के वडा अध्यक्ष बसंत भक्क्ड़ समर्थन सहित के सहभागिता रहे

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here