नाला आ पानी निष्कासन के समस्या बारे नगर प्रमुख सरावगी द्वारा अनुगमन

198

वीरगंज,१७ चईत /

वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड न १६ के हनुमानटोल, रेल्वे रोड, नगवाँ मढ़, बाईपास रोड, बसस्टैंड में कचरा, नाला आ पानी निष्कासन के समस्या अपन चरम स्थिति में पहुँच गईल बा । आजू सवेरे वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी के द्वारा वार्ड न. १६ के नगवाँ, बाइपास रोड, बसस्टैंड आ हनुमानटोल में कचरा, नाला जाम तथा पानी निष्कासन सम्बन्धि निरीक्षण कईल गईल।

बरखा-पानी के दिन में के ई सब टोल में सालन-साल से कचरा, नाला जाम तथा पानी निष्कासन के समस्या चलत आ रहल बा। बरखा-पानी के दिन लचिकएला से रेल्वे रोड के पूरुब घंटाघर से लेके हनुमान मंदिर, जहवाँ प्रहरी के सामुदायिक चौकी बा, तकले नाला जाम हो जाला। जवना से नरक जईसन स्थिति बन जाला। ईहे स्थिति के देखत वार्ड न १६ के वार्ड अध्यक्ष श्याम चौरसिया जी के सक्रिय प्रयास से हनुमानटोल के बसिंदा लोग के एगो भेंट काल्ह मेयर से भईल।

एह भेंट में लोग आपन समस्या बतवलें। जेकर स्थलगत निरीक्षण के बाद निराकरण के दिशा में काम करे के बात मेयर द्वारा कहल गईल रहे। ओहि संदर्भ में आजू लगभग एक घंटा तक मेयर ख़ुद रेल्वे रोड के हनुमान मंदिर से पुरुब के हनुमानटोल से निरीक्षण के शुरुआत कईनीं। हनुमानटोल से बसस्टैंड ओकरा बाद जयदुर्गा हॉल के पीछे से होत नगवाँ मढ़ वाला पोखरी तकले नाला आ पानी निष्कासन के वस्तुस्थिति पर टोलवाला लोग से व्यापक विचार-विमर्श भईल।

निरीक्षण में अधिकाधिक घर के चबूतरा-सीढ़ी रोडे प बनल देखल गईल। घरे के आगा नाला में कचरा फेंके से नाला जाम जाम जईसन स्थिति लउकल। नाला के ऊपर जईसे-तईसे बेतरतीब ढंग से स्लैब के ढलाई से पानी के बहाव में अवरोध के स्थिति लउकल। मेयर टोल सुधार समिति से घर के लोग के कचरा नाला में ना फेंके के समुझावे के कहनीं। बाईपास रोड प दोकान के टूटल-फूटल सामान रोडे प फेंकल देख उहाँ महानगरपालिका कर्मचारी से कचरा फेंकेवाला के चिन्हित कके ५-५ हज़ार जुर्माना करे के निर्देश देहनीं।

टोल में रोड प बनल चबूतरा-सीढ़ी के ख़िलाफ़ भी कड़ा कारवाई करे के बात भी उहाँ के कहनीं। मुख्य रूप से पानी निष्कासन के समस्या के व्यापक निरीक्षण मेयर के द्वारा कईल गईल। वार्ड अध्यक्ष श्याम चौरसिया भी मेयर विजय कुमार सरावगी जी के सोझा टोल के समस्या ज़ोर-शोर उठवनी। हनुमानटोल के ऋषिदेव सर, अधिवक्ता बिनोद प्रसाद कुर्मी, आलोक वर्मा, रविंद्र ठाकुर, लालबाबू जी के बात गम्भीरता से सुनत मेयर विजय कुमार सरावगी समस्या के समाधान जल्दी से जल्दी करे के भरोसा देहनीं।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here