निःशुल्क दन्त परिक्षण

148

आस । माघ १८ ।
वीरगंज महानगरपालिका–११ त्रिमुर्ति टोल में स्थित वीरगंज पाठशाला विधालय निःशुल्क दन्त शिविर कईले बा । स्कुल मे रहल पि.जि से लेके कक्षा ६ तक के लईकन आ उ सभन के गारजीयन लोग के निशुल्क दांत परीक्षण कईल गईल कार्जक्रम के संयोजक बिजया ओझैया जनवनी ।

एम. बी. केडीया डेंटल कलेज के सहजोग में भईल दंत शिविर मे डा. आशिष खतिवडा , डा. महालक्ष्मी कलवार, डा. अरका दास, डा. कौशलेन्द्र सरन आ डा. प्रियंका चौधरी २०० जने सहभागी के दांत के ईलाज कईनी ।

छोट लईकन के दांत मे किरा लागेके अधिकतर समस्या भइला से सहि तरीका से ब्रस करेके, दांत के सफाई करेके बारेमे भी सिखावल गईल । दन्त परिक्षण मे १६ जने लईकन आ ७ जने गारजीयन के दांत मे समस्या लौकल संयोजक ओझैया बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here