निर्मला के न्याय के ख़ातिर वीरगंज में भइल हस्ताक्षर संकलन आ मानव शृखला के निर्माण

151

वीरगंज, श्रावण १० –

निर्मला पन्त हत्या भइल के आजू एक वर्ष पुरा भइल बा । कञ्चनपुर के १३ वरिष के लइकी निर्मला पन्त के बलात्कार के बाद हत्या कइल के एक बरिस पुगला पर भी अभियुक्त के पत्ता ना लागे सकल क़हत वीरगंज में शूकरवार के प्रदर्शन कइल गइल बा ।

वीरगंज के घण्टाघर में स्थानिय युवा लोग हस्ताक्षर संकलन के साथे मानव शृखला बनाके साङ्केतिक विरोध जनवले बा लोग । वीरगंज के स्थानीय, विद्यार्थी आ आउर संघ संस्था से आबद्ध युवा लोग मिलके हस्ताक्षण संकलन आ मानव शृखला  के निर्माण कईले रहले ।

निर्मला पन्त के घट्ना भइल शुक के एक वर्ष भइला के बावजूद भी प्रहरी आ प्रशासन द्वारा अभिन तक हत्यारा के पता लगावे नईखे सकल । प्रहरी प्रशासन अउरी सरकार ऊपर दबाव देवे के आ निर्मला के परिवार के साथ हमनी सब बानी कहके सन्देश देवे ख़ातिर मानव शृखला के निर्माण कइल गइल स्थानिय महिला अभियान्ता डा. शुष्मा तिवारी द्विवेदी बतवली ।

‘एगो अबोध लइकी के बलात्कार कर के निर्मम तरीका से हत्या कइल गइल क़हत ऊ कहली, ‘आजु उक्त घटना के एक बरिस पुरा भइल माकिर प्रहरी, प्रशासन आ सरकार हत्यारा के बारे में कवनों जानकारी लेवे नईखे सकल, ई बहुते लज्जास्पद बात ह ।’

स्थानिय युवक रोशन शर्मा बलात्कार जइसन घट्ना में भी सरकार संवेदनशिल ना होखे सकल के आरोप लगईले । ‘बलात्कार भइल के आजू एक वर्ष हो गइल, शर्मा कहले, ‘गृहमंत्री से लेके प्रधानमन्त्रि तक अइसन संवेदनशिल घट्ना में आपत्तिजनक टिप्पणी कर के चलत बा लोग, न्याय के बात त दूर के बा अभिन के सरकार ई घटना के गम्भीर रुप में लेवे तक नईखे सकल ।’

सहभागी लोग निर्मला के हत्या कइल के एक बरिस पूगला के झलक देवे ख़ातिर मानव शृखला मार्फत ३ सय ६५ दिन सांकेतिक बनाके कुछ देर प्रदर्शन कईले रहे । मानव शृखला निर्माण में जुटल सहभागी लोग प्ले कार्ड मार्फत ‘जस्टिस फर निर्मला’ के नारा समेत प्रदर्शन कईले रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here