निर्मला के न्याय खातिर “सरकार मिलल, न्याय ना मिलल” नारा सहित युवा द्वारा वीरगंज मे निकालल गईल बिरोध जुलूस

    194

    वीरगंज, १८ अगहन ।

    निर्मला पन्त के न्याय खातिर देश भर मे हो रहल आन्दोलन के देखत काल्ह संझिया वीरगंज के युवा द्वारा भी वीरगंज मे बिरोध जुलूस निकालल गईल ।

    सरकार मिलल, न्याय ना मिलल, सूती सरकार कब तक?, आनहार सरकार आँख खोल, निर्मला के न्याय मिली कहिया, महिला हिंसा कब तक आ का हमनी के बेटी बहिन सुरक्षित बा ? लिखल अनेकन प्लेकार्ड के साथ काल्ह संझिया वीरगंज के युवा द्वारा निर्मला के न्याय खातिर जुलूस निकालल गईल ।

    वीरगंज के घण्टाघर से शुरू भईल प्लेकार्ड सहित के जुलूस मईस्थान, आदर्शनगर, घड़ीअर्वा होते हुवे फेरु घण्टाघर मे चहुप के समापन भईल रहे ।

    देश के अनेकन जगह पर निर्मला के न्याय खातिर आन्दोलन आ बिरोध कईला पर भी सरकार द्वारा कौनों किसिम के सुनुवाई ना भईला से वीरगंज मे भी यी विरोध प्रदर्शन कर के सरकार के ध्यानकर्षण करावे के वीरगंज के युवा द्वारा यी एगो डेग बढ़ावल गईल विरगंजीया युवा बिकास तिवारी आ केशव राज मिश्रा बतवले ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here