कालिकामाई आ पर्सागढी के निर्वाचित प्रतिनिधि लोग ६ महिना के बाद भि परिषद ना करे सकल

201

पर्सा, १० चैत

पर्सा के १४ स्थानिय तह मेसे अभिन भी २ गो स्थानिय तह के परिषद नइखे होखे सकल । कालिकामाई गावंपालिका के गावंसभा आ पर्सागढी नगरपालिका के नगर सभा ना भइला के चल्ते आ.व. २०७४/०७५ के परिषद ना होखे सकल ह ।

बीरगंज महानरपालिका, पोखरिया नगरपालिका, बहुदरमाई नगरपालिका, बिन्दवासनी गावंपालिका, पकहा मैनपुर गावंपालिका, सखुवा प्रसौनी गावंपालिका, पटेर्वा सुगौली गावंपालिका, धोबिनी गावंपालिका, छिपहरमाई गावंपालिका, जिराभवानी गावंपालिका, ठोरी गावंपालिका आ जगरनाथ गावंपालिका के परिषद हो गइला पर भी अभिन तक कालिकामाई गावंपालिका आ पर्सागढी नगरपालिका के परिषद ना होखे सकल स्थानिय लोग बतइले ।

परिषद होगइल स्थानिय तह के बिकास निर्माण के कामकाज अगाडी बढला पर भी हाल अभितक ई दुगो स्थानिय तहके परिषद ना भइला के चल्ते इहां के बिकास निर्माण के काम अगाडी बढे नइखे सकल । जनप्रतिनिधि निर्वाचित भइला ६ महिना से जादा भइला पर भी हाल तक परिषद ना भइला के चल्ते बिकास निर्माण के काम अगाडी नाबढे सकल सिकाएत स्थानिय लोग के बा ।

कालिकामाई गावंपालिका अध्यक्ष मे नेपाल संघिय समाजबादी पार्टी से नथुनी प्रसाद कुशवाहा निर्वाचित भइल बाडन त पर्सागढी नगरपालिका के मेयर मे नेपाली काङग्रेस के लोकनारायण यदाव निर्वाचित भइल बाडन । कालिकामाई गावंपालिका के परिषद हाल तक ना होखे सकल के कारण गावं कार्यपालिका मे आन्तरिक विवाद रहल गावं कार्यपालिका स्रोत बतइले बा त पर्सागढी नगरपालिका के हाल तक परिषद ना होखे सकला के कारण नगरपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत के सरुवा रहल बतावल गइल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here