निलम्बन बदर करे के मांग करत रौनियार संसद मे देहले निवेदन
वीरगंज, ०३ भादो ।
आपन सांसद पद निलम्बन बदर करे के मांग करत हरीनारायण प्रसाद रौनियार संघीय संसद सचिवालय मे निवेदन देहले बाड़े ।
पर्सा क्षेत्र नम्बर ३ से निर्वाचित रौनियार उपर अख़्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग भ्रष्टाचार मुद्दा दायर कईला के बाद उ निलम्बित भइल रहले ।
निलम्बन मे परला के बाद रौनियार ०७५ पुस १५ गते निलम्बित करे के कारण बतावे के मांग करत संघीय संसद सचिवालय मे निवेदन देहले रहले । ओकर कावनो जवाब ना आईल क़हत उ मंगर के दिन फेरु निवेदन देहले बाड़े ।
निवेदन मे उ आपन सांसद पद निलम्बन बदर कर के यथाअवस्था मे काम काज करे खातिर आदेश मांग कईले बाड़े ।
अख़्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग मुदा दर्ता करते जननिर्वाचित प्रतिनिधि निलम्बन करे के प्रावधान प्रतिनिधिसभा संसद नियमावली समेत के बिरुद्ध मे रहल रौनियार कहले बाड़े ।
पर अख़्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग सम्बन्धी एन मे सार्वजनिक पद धारण काइल व्यक्ति के भ्रष्टाचार आरोप मे मुद्दा चलल अवस्था मे किनारा ना होई तब ले स्वत : निलम्बन करे के व्यवस्था बा ।

