नीरक्षरता हटावे के अभियान तहत प्र.म. सिरहा आवत, डोम समुदाय के लईकी के होई आजू बिधालय मे भर्ना

137

सिरहा, ५ बैशाख

सिरहा कल्याणपुर के रामदुलारी मध्यमिक बिधालय मे डोम समुदाय के लईकी के नाम लिखवावे आ भर्ना खातिर प्र.म. आजू सिरहा आ रहल बाड़े । प्रधानमन्त्री ओली आजू बुध के दिने ९:३० बजे सिराहा पहुचे के खबर बा ।

५ साल के मनीषा कुमारी मल्लिक डोम के बिधालय मे नाम लिखवावे के बात प्रधानमन्त्री के निजी सचिवालय जनवले बा । सचिवालय के हिसाब से देश भर मे कम साक्षारता रहल डोम समुदाय के बालबच्चनके शिक्षित करे के अभियान अनुसार प्रधानमन्त्री खुदे बिधालय पहुच के लईकी के भर्ना करईहे ।

प्रधानमन्त्री ओली दु साल के भीतर निरक्षरता हटावे के अभियान अनुसार एकरा से पहिले मुगु के एगो लईकी के बिधालय मे भर्ना करवले रहले । मुगु के एगो गांवपालिका के ६ साल के थिल्ने साङ्ग तामाङ नाम के लईकी के प्रधानमन्त्री बैशाख १ गते बिधालय मे भर्ना करवले रहले ।

प्रधानमन्त्री ओली २ साल के भीतर नीरक्षरता अभियान हटावे के घोषणा करते एक ब्यक्ति कम से कम एक बिधार्थी अभिभावक बन के बिधालय भर्ना करे मे सहयोग करे के बिनती कईले।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here