नेकपा के दुनु अध्यक्ष के बिच अभिनो बात ना मिलल

86

काठमांडू, २२ आसार ।

पार्टी भितर चलल आन्तरिक विवाद सुल्झावे के कोशिस मे सत्तारुढ दल नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा)के अध्यक्षद्वय केपी शर्मा ओली आ पुष्पकमल दाहाल ‘प्रचण्ड’ पछिल्लका सात दिन मे तीन बेर करके घण्टो बातचित मे जुटला बाद भि उ लोग एहमे असफल भईल बाडन ।

एतवार के सबेरे बालुवाटार मे करिव दु घण्टा बातचित के खातिर जुटल ओली आ दाहाल लम्बा समय से दोधार मे परला से राजनीतिक दस्तावेज के तरे आ कब सार्वजनिक करेके , पार्टी के बाँकी रहल एकता के काम के तरे आगे बढावेके आ सरकार के काम कारवाही विवाद मुक्त के तरे बनावेके बारे मे कवनो निष्कर्ष निकाले नईखन सकल ।

पार्टी के उच्चस्रोत के अनुसार माधवकुमार नेपाल के नेतृत्व के कार्जदल सात दिन भितर सार्वजनिक करेके सर्त मे ओली आ दाहाल के संयुक्त रुपमे बुझावल गईल ओह राजनीति दस्ताबेज सहमति के साथ प्रकाशन करेला उलोग असफल भइल बाडन । दाहाल के माग कार्यान्वयन करेला आपना से प्रधानमन्त्री या पार्टी अध्यक्ष से बाहर निकले के भईला से ओली एहपर असहमति जनारहल उच्चस्रोत के दाबा बा ।

एहितरे आपना सब अल्पमत मे परेके डरके कारण पार्टी के निचला तह मे भि उहा के उ माग कार्यान्वयन करेके पक्ष मे नईखन । सार्वजनिक कार्यक्रम मे आपन पाटी भितर कवनो भि विवाद ना भईल बा दाबा ओली से कईला बाद भि दाहाल घुमावल हिसाब से पहिले के सहमति अनुसार आधा समय के बाद ओली कि त प्रधानमन्त्री कि त पार्टी अध्यक्ष पद छोडेके अभिव्यक्ति देहत आईल बाडन ।

दु अध्यक्ष के आन्तरिक विवाद से पार्टी के जरुरी काम , पोलिटव्युरो गठन, केन्द्रीय सदस्य के कार्य विभाजन, विभागीय प्रमुख सभन के नियुक्ति लगायत के काम बन्द भईल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here