नेपालीय भोजपुरी साहित्य के वटवृक्ष पंडित दीपनारायण मिश्र आइ सी यू में भर्ती

93

वीरगंज, चईत १६

नेपाल भोजपुरी समाज, वीरगंज नेपाल के संस्थापक-अध्यक्ष आ सम्पूर्ण नेपालीय भोजपुरी भाषा- साहित्य-समाज के वटवृक्ष श्रद्धेय पंडित दीपनारायण जी अस्वस्थ अवस्था में भवानी हॉस्पिटल के ICU में भर्ती बानीं।

अचानक बी.पी. बढ़ला से भईल असहजता के कारण उनका लाद-पाद के वीरगंज के लिंक रोड स्थित भवानी हॉस्पिटल में ले जाए के परल। हॉस्पिटल में साधारण चेक -जाँच कईला का बाद उनका ICU में भर्ती करे के परल।

पंडित जी के बेटा-पतोहू से बात कईला के बाद पता चलल कि उहाँ ३ दिन से भोजन लगभग छोड़ देले बानीं। ख़ाली पानी प भईला से उनकर सेहत में अपूरणिय क्षति भईल बा। ९० बरिस के दीर्घ आयु भईला का बाद भी उनकर स्मरण शक्ति क्षीण नइखे भईल। उहाँ बोल सके में आ नाम चिन्ह सके में सक्षम बानीं।

पंडित जी भोजपुरी, हिंदी, नेपाली में भरपूर साहित्य सृजन कर चुकल बानीं। उनकर लिखल रचना से भोजपुरी साहित्य समृद्ध भईल बा। अपना लेखन, साहित्य सृजन से उहाँ समाज के सकारात्मक दिशा देवे में सफल भईल बानीं।

आपन वीरगंज के रिपोर्टर से बात करत उहाँ आज भी साहित्य जगत में चल रहल गतिविधि के बारे में उत्सुक रहनीं। उनकर अतिशीघ्र स्वास्थ्य लाभ के कामना बा।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here