नेपाली कांग्रेस के सांसद मोहम्मद आफताब आलम प्रहरी हिरासत मे

    519

    रौतहट, २६ कुवार ।

    नेपाली कांग्रेस के नेता आ रौतहट क्षेत्र नम्बर २ के प्रतिनिधिसभा के सांसद मोहम्मद आफताब आलम के शेखईद्रीस गेट से जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के टोली पकडले बा ।

    २०६४ चईत २७ गते रात राजपुर नगरपालिका के फरदवा गाँव मे भइल बम बिस्फोट के घटना मे हात रहल आरोप मे आलम के हिरासत मे लेहल गईल बा । संबिधानसभा निर्वाचन के लक्षित क के बम बनावते समय बम बिस्फोट भइला से ऊहा के कुछ आदमी लोग के मृत्यु भइल रहे आ ओहि घटना मे २३ जने से बहूती आदमी घायल भइल रहे लोग । प्रमाण नष्ट करे लाय घायल २३ जने के ईटटा भट्टा मे ज़िंदे जरा के मारे के आरोप मे किटानी जाहेरी परला के बाद प्रहरी आलम के खोजी करत रहे । २०६५ आसार ३० गते महान्यायधिवक्ता के कार्यालय द्वारा जिल्ला सरकारी कार्यालय रौतहट के अनुसंधान प्रतिवेदन देख के मुद्दा चलावे के निर्णय कइले रहे ।

    २०६९ जेठ १४ तत्कालीन न्यायधिश शुशिला कार्की के इजलास जघन्य अपराध मे खोजबिन कर के मुद्द छलावे के आदार होखला के बाद भी अनुसंधान ना कईला से शुरू मे अनुसंधान करे लाय जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के आदेश दहले रहे । सर्वोच्च के आदेश के पालन ना कइलख क़हत घटनामे पीड़ित परिवार अदालत के मनहानी भईल क़हत फेरु सर्वोच्च मे निवेदन देहले रहे लोग ।

    आलम के हिरासत मे लेहले जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रमुख एसपी भूपेन्द्र खत्री पुष्टि कईले बाड़े । एसपी खत्री सर्वोच्च के आदेश के हिसाब से आरोपी के पकड़ के हिरासत मे राखल गईल बा बतवले । आदेश पालन ना कईला से मानहानी होई क़हत आजूवे हमनी आलम के पकड़ले बानीसन । आजू सार्वजनिक छुट्टी भइला से बिहान म्याद बढ़ावे लाय आदालत मे उपस्थित करावल जाई खत्री बतवले ।

    आलम नेपाली कांग्रेस के पूर्व जिल्ला सभापति आ पूर्व केंद्रीय सदस्य भी रह चुकल बाड़े । साभार : कान्तिपुर

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here