नेपाली नागरिकता लेवे के चक्कर मे भारतीय दामाद आ नेपाली ससुर पकड़ईले

1066

धनुषा, २५ अगहन ।

नेपाली नागरिकता बनावे आइल दु जने पकड़ाइल बा लोग । पकड़ाएवाला मे धनुषा के धनुषाधाम नगरपालिका वाड नम्बर २ के जितनारायण यदाव आ उनकर दामाद भारत बिहार के मुज्जहफरपुर ग्राम शंकरपुर के सुनील कुमार यादव बाड़े ।

मंगर के दिने जिल्ला प्रशासन कार्यालय धनुषा मे झूठा विवरण पेश कर के नागरिकता बनावे मे लागल दुनु जने के पूछताछ के समय मे ससुर आ दामाद दुनु जने के पकडल गईल रहे प्रमुख जिल्ला अधिकारी प्रदीप राज कंडेल जानकारी करवले बाड़े ।

यादव के कहनाम बा की पकड़ाइल दुनु जने से नागरिकता बनावे के सिफ़ारिस करे खातिर धनुषाधाम नगरपालिका वाड नम्बर २ के वाड अध्यक्ष प्रभुनारायण साह १० हजार रोपेया लेहले बाड़े ।

भारतीय नागरिक के नागरिकता खातिर सिफारिस कईला से वाड अध्यक्ष साह के भी पकड़े खातिर प्रहरी के चिट्ठी भेज देहल गईल बा प्रजिअ कंडेल जानकारी करवले ।

दुनु ससुर आ दामाद के नियन्त्रण मे राख़ के आगा के अनुसंधान हो रहल बा आ भारतीय नागरिक के नागरिकता खातिर सिफारिस करेवाला वाडअध्यक्ष के पकड़े खातिर प्रहरी के भी चिट्ठी भेज देहल बा प्रजिअ कंडेल जानकारी करवले । महोतरीदर्पण

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here