The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

नेपाली फिल्म “यो माया कस्तो माया” के फस्ट लुक सार्वजनिक

वीरगंज, १८ जेठ ।
पर्सेली नायक युवराज केशी के डेब्यु नेपाली फिल्म “यो माया कस्तो माया” के फस्ट लुक सार्वजनिक भइल बा । सामाजिक सञ्जाल फेसबुक मार्फत फिल्म निर्देशक भुषण आनन्द ठकुरी सार्वजनिक कइले बाडन । 

सार्वजनिक भइल फस्ट लुक के पोस्टर पर फिल्म के मुख्य पात्र दिवस धिताल आ सभ्यता गिरी रहल बाडन ।

पोष्टर पर ही फिल्म के गीत इहे जेठ २४ गते सार्वजनिक करेके जनावल गइल बा । उ गित मे अर्जुन पोखरेल संगित कइले बाडन त फिरोज बस्नेत आ अन्जु पन्त के अवाज रहल बा । फिल्म प्रेम कथा आ परिवारीक विषयवस्तु समेट के बनल वतावल गइल बा । काठमाण्डौ, दार्जिलिङ्ग, सिक्मि लगायत के सुन्दर जगह पर छयाकन भइल फिल्म मे युवराज केशरी, सुमित डंगोल, रितु पौडेल लगायत के कलाकार लोग अभिनय रहल बा । सम्बृद्धि श्रेष्ठ, ईन्द्र रजक, किशन पोखरे से बनावल गइल फिल्म के भुषण आनन्द ठकुरी निर्देशक रहल बाडन । 

वीरगंज मे रह के अनेकन म्युजिक भिडियो सब मे अभिनय करत इ फिल्म से डेब्यु कइल नायक केशरी ई फिल्म से बहुती आशा रहल बतइले बाडन । नायक केशरी कहलन ठकुरी के निर्देशन मे काम कइल सहज भइल बा । अपन पहिलका फिल्म भइला पर भी निर्देशक ठकुरी संगे काम कइला पर फिल्म मे वर्षौके अनुभव भइल जइसन अनुभुति भइल केशरी के कहनाम बा ।

प्रतिकृया
Loading...