नेपाली सेना कईलख बीरगंज नारायणी रंगशालामे फोटो प्रदर्शनी आयोजना, मेयर कईले उद्धघाटन

217

बीरगंज, २४ जेठ ।

नेपाली सेना द्वारा बियफे के सबेरे नारायणी रंगशाला मे आयोजित फोटो प्रदर्शनी के उद्धघाटन बीरगंज मगनगरपालिका के मेयर बिजय कुमार सरावगी कईले । रंगशाला मे आयोजित फोटो प्रदर्शनी कर्जक्रम मे नेपाली सेना करत आईल बिकास निर्माण के काम, दैविक प्रकोप से नेपाली जनता के कईल उद्धार आ सहजोग, युद्ध कौशलता आ अनेकन प्रशिक्षण सहित के सैनिक के काम से जुडल तस्बिरन के प्रदर्शनी मे रखल रहे ।

नेपाली जनता के संघे सेना के सम्बंध सुधारे के साथ साथे सेना करत आरहल आपन काम कारवाही के उदेश्य से श्रीचंडी प्रसाद गण, बीरगंज बियफे के दिने सबेरे फोटो प्रदर्शनी आ संझिया संस्कृति कार्यक्रम के आयोजना कईले बा । उद्धघाटन कार्जक्रम मे पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी लेखनाथ पौड्याल, पर्सा प्रहरी उपरीक्षक रेवती ढकाल, शस्त्र प्रहरी उपरीक्षक प्रेमध्वज शाह, नेपाल क्म्युनिष्ट पार्टी के जिल्ला संजोजक प्रभु हाजरा जईसन ब्यक्तित्व लोग के उपस्थिती देखल गईल ।

प्रदर्शनी के अवलोकन करत नगर प्रमुख सरावगी नेपाली सेना के अईसन काम से मधेसी जनता आ नेपाली सेना बीच के सम्बंध बढ़िया होई क़हत आपन बिचार सुनवले । नेपाली सेना के इतिहास आ कामकाज के बारे मे प्रदर्शनी मे राखल तस्बिरन से आज के युवा पीढ़ी सेना प्रति आकर्षित होई बतावत अइसन कार्जक्रम जनता आ सेना बीच के सम्बंध मे मजबूती लियाई बतवले ।

प्रदर्शनी मे अनेकन बिधालयन के बिधार्थी के साथ साथे प्रदेश नम्बर २ के पूरा गण के पदाधिकारी आ जवानन के उपस्थिती नजर आइल ।

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here