The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

नेपाल आइल फतिंगा (सलह किरा) के झुण्ड छोट बा चिन्ता के बात नईखे – कृषि मन्त्रालय

फतिंगा (सलह किरा ) के प्रकोप नेपाल मे भी देखल जा रहल

काठमाण्डू, १४ आषाढ़ ।

भारत मे फतिंगा (सलह किरा ) के बाड्का झुण्ड सक्रिय भइला से ओकरा गतिबिधी पर निगरानी खातिर नेपाल सरकार संयुक्त राष्ट्र संघ आ भारतीय अधिकारीयन से समन्वय करे के बात भइल बा । कृषि मन्त्रालय मे एतवार के दिने विज्ञलोग से बतकही करत कृषि मन्त्री घनश्याम भूसाल यी जानकारी देहले बाड़े ।

विज्ञलोग भारत के राजस्थान से फतिंगा के बड़ा मुभमेंट होके के देखल जा रहल जानकारी करवले रहे लोग । विज्ञ लोग के कहनाम सुनला के बाद मन्त्री भूसाल फतिंगा के उ झुण्ड नेपाल आई की ना आई कह के भारत के कृषि मन्त्रालय के अधिकारी लोग आ संयुक्त राष्ट्र संघ खाद्य तथा कृषि संगठन के अधिकारी लोग के समन्वय कर के ट्र्याकिंन हो रहल जानकारी करवले ।

अभी तक नेपाल मे देखल गईल फतिंगा के झुण्ड छोट बा आ यी झुण्ड बहुति नोकसानी ना करी क़हत कृषि मन्त्री भूसाल किसान लोग के चिन्ता ना करे के निहोरा कइले बाड़े । नेपाल प्रवेश करल फतिंगा, फतिंगा पहुचल जिल्ला, ओकरा से पहुचल नोकसानी, फतिंगान के संभावित यात्रा समेत के बिषय पर विस्तृत विवरण मन्त्रालय एतवार के दिने पत्रकार सम्मेलन कर के जानकारी दी भूसाल कहले ।

किसान खातिर हटलाइन के व्यवस्था

विज्ञलोग के बतकही के बाद मन्त्री भूसाल फतिंगा (सलह किरा) कवन कवन जगहन पर देखल गइल बा कह के किसानन से जानकारी लेवे खातिर हटलाइन के व्यवस्था कईल जाई बतवले । एगो टेलीफोन नम्बर मन्त्रालय व्यवस्था करी आ ओ नम्बर पर फोन कर के किसान लोग फतिंगा के बारे मे जानकारी दे सकता लोग मन्त्री भूसाल के कहनाम रहे ।

कृषि मन्त्री गृह आ विपद व्यवस्थापन समिति से संबन्धित समिति से समन्वय कर के फतिंगा नियंत्रण करे के जानकारी देहले । गृह आ विपद से समन्वय कर के सलह नियन्त्रण करे खातिर खेत मे किरा मारेवाला दवाई छीटे के बा त ड्रोन, ट्यांकर समेत के व्यवस्था कईल जाई मन्त्री भूसाल जानकारी देहले ।

फतिंगा नियन्त्रण के खातिर खर्च के व्यस्थापन करे के जिम्मा कृषि मन्त्रालय के सचिव राजेन्द्र प्रसाद भारी के देहल गईल बा । अन्तरमन्त्रालय समन्वय कर के फतिंगा नियन्त्रण के बजेट के व्यवस्था कैले जाई मन्त्री भूसाल सचिव भारी के निर्देशन देहले बाड़े ।

प्रतिकृया
Loading...