नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ मे चुनाव होरहल, पर्सा से ३ पद मे ४ जने उम्मेदवार

229

वीरगंज, २१ बईशाख ।
नेपाल पत्रकार महासंघ के प्रदेश स्तरिय चुनाव आजु होरहल बा । प्रदेश नं. २ के चुनाव प्रदेश अन्तर्गत के आठु जिल्ला मे बिहनईया ७ बजे से सुरु भइल बा । पर्सा मे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के भवन मे ७ बजे से सुरु भइल चुनाव ९ बजे तक चले के बतावल गइल बा त बाकी अवर ७ गो जिल्ला मे ८ बजे से सुरु भइल चुनाव ४ बजे तक चलेके बतावल गइल बा ।

प्रदेश नं. २ मे १६ सदस्यि प्रदेश समिति के खातिर होरहल चुनाव मे ३२ जना उम्मेदवार बाडन । जवना मे अध्यक्ष के प्रमुख प्रतिस्पर्धी दुनु उम्मेदवार पर्सा के हि बाडन । प्रेस चौतारी, प्रेस सेन्टर, प्रेस युनियन के तर्फ से अध्यक्ष पद खातिर पर्सा के दिपेन्दर चौहान उम्मेदवार वाडन त संघिय प्रेस फोरम से पर्सा के ही बिजय कुशवाहा उम्मेदवार बाडन ।

एहीसही पर्सा से उपाध्यक्ष पद मे केशी लामिक्षाने आ सदस्य पद मे जगत राई चुनाव लडल बाडन । लामिक्षाने आ राई दुनु आदमी प्रेस चौतारी, प्रेस सेन्टर आ प्रेस युनियन के गठबन्धन से चुनाव लडल बाडे लोग । प्रदेश नं. २ मे भी गठबन्धन के ही उम्मेदवार लोग के जादा सम्भावना रहल पत्रकार लोग के कहनाम बा ।

मतदान सम्पन्न के बाद जिल्ला जिल्ला मे ही मत गणना भी होखे के प्रेस सेन्टर पर्सा के अध्यक्ष निरज पिठा कोठे मगर बतइनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here