The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

नेपाल अपन पहिलका टी-२० सीरीज लॉर्ड्स क्रिकेट ग्राउंड में खेली

२०७४/१२/१२, वीरगंज

अबगे कुछ दिन पहिले बितल विश्वकप छनोट खेलमें नेपाल विश्वकप खातिर छनोट ना होखेसकला पर भी नेपाल के ऐतिहासिक एक दिवसीय (ODI) मान्यता हात मरलख। एक दिवसीय मान्यता मिलला पर क्रिकेटिंग दुनिया नेपाल के बधाई आ स्वागत कईलख।

अभिन के ताज़ा ख़ुशी के खबर इह बा की लन्दन आ दुनिया के प्रख्यात लॉर्ड्स ग्राउंड में बहुत जल्द नेपाल त्रिकोणीय सीरीज टी-२० खेल खेलेवाला बा। इह सीरीज लॉर्ड्स ग्राउंड के क्लब एमसीसी (MCC), नेपाल आ नीदरलैंड के बिच होखेवाला बा। एमसीसी के पहल में इह सीरीज होरहल बा। ऐसे पहिले भी लॉर्ड्स ग्राउंड में २०१६ के जुलाई में नेपाल आ बेलायत के २०० वर्ष कुटनीतिक सम्बन्ध के अवसर पर नेपाल क्रिकेट टीम आ एमसीसी के बिच एगो ५० ओवर खेल भईल रहे जौन खेल नेपाल ४१ रन से जितले रहे।

प्रतिकृया
Loading...