नेपाल भोजपुरी समाज आ भौतिक पूर्वाधार बिकास मन्त्री सोनल बीच फगुवा के शुभकामना आ भोजपुरी भाषा प बिशेष बतकही

    383

    वीरगंज, २७ फागुन ।

    आजू फगुवा के परब के दिने नेपाल भोजपुरी समाज वीरगंज आ प्रदेश नम्बर २ के भौतिक पूर्वाधार बिकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल बीच फगुवा के शुभकामना एक दोसरा के देत भोजपुरी भाषा आ संस्कृति के संरक्षण पर बिशेष बतकही भइल ।

    नेपाल भोजपुरी समाज वीरगंज के उपाध्यक्ष ध्रुव सिंह ठकुरी के अगुवई मे नेपाल भोजपुरी समाज के सचिव ऋतुराज, सदस्य रंजीत यादव, शिव सन्देश, अशोक कुशवाहा आ भोजपुरी साहित्यकार दिनेश गुप्ता प्रदेश नम्बर २ के भौतिक पूर्वाधार बिकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल के निजी निवास प पहुच के उनका के फगुवा के शुभकामना आ बधाई देत भोजपुरी भाषा के आगा बढ़ावे के आ भोजपुरी संस्कृति के संरक्षण करे पर बिशेष चर्चा कईले लोग ।

    भोजपुरी साहित्य प्रेमी मन्त्री सोनल नेपाल भोजपुरी समाज के भोजपुरी भाषा के संरक्षण आ संबर्द्धन खातिर हर तरह से सहजोग करे के बात कहनी । पिछला ४० साल से भोजपुरी भाषा आ साहित्य प्रति समर्पित मन्त्री सोनल भोजपुरी भाषा साहित्य के बिकास खातिर आ भोजपुरिया संस्कृति के संरक्षण आ संबर्द्धन खातिर नेपाल भोजपुरी समाज के हर सम्भव सहजोग करे के बिश्वास देहले ।

    नेपाल भोजपुरी समाज के सचिव ऋतुराज बीतल साल मे नेपाल भोजपुरी समाज द्वारा कइल गइल अनेकन कार्यक्रम के बारे मे मन्त्री सोनल के जानकारी करवले । ओइसे ही भोजपुरी साहित्यकार दिनेश गुप्ता द्वारा लिखित भोजपुरी किताब के बिमोचन के बारे मे भी कुछ चर्चा भईल जवन अगिला हप्ता मे बिमोचन के कार्यक्रम राखे के नेपाल भोजपुरी समाज बतवले बा ।

    नेपाल भोजपुरी समाज वीरगंज बीतल ४६ साल से भोजपुरी भाषा साहित्य आ संस्कृति के संरक्षण आ संबर्द्धन खातिर लगातार काम करत आइल बा । नेपाल भोजपुरी समाज वीरगंज नेपाल के सब से पहिलका भोजपुरी भाषा साहित्य प काम करेवाला संस्था ह जेकर संस्थापक स्व. पंडित दीप नारायण मिश्र रहनी ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here