नेपाल मेडिसिटी प्याब्सन टी २० नकआउट त्रिकेट प्रतियोगित शनिचर से सुरु होई

203

वीरगंज, ७ अगहन ।
नेपाल मेडिसिटी प्याब्सन टी २० नकआउट त्रिकेट प्रतियोगित शनिचर से सुरु होखे जारहल बा । निजी आ आवासीय विद्यालय अर्गनाइजेशन नेपाल, प्याब्सन आयोजन करे लागल प्रतियोगिता के सब तयारी पुरा भइल बतावल गइल बा । वीरगंज विर्ता स्थित रहल अन्पूर्ण होट मे आजु प्याबसन पत्रकार सम्मेलन करके प्रतियोगिता बारे जानकारी करइले ह ।

नारायणी रङ्गशाला बाहर रहल क्रिकेट मैदान मे शनिचर से शुरु होखेवाला त्रिकेट प्रतियोगिता के गैर अवासीय नेपाली संघ के संस्थापक अध्यक्ष डा. उपेन्द्र महतो उदघाटन करे के कार्जक्रम रहल बा । प्रतियोगिता मे नेपाल क्रिकेट टिम के क्याप्टेन पारस खडका, राष्ट्रिय कोच जगत बहादुर टमाटा, १९ बर्ष से निचे के नेपाल क्रिकेट टिम के कोच, पूर्व क्याप्टेन विनोद दास आ पूर्व क्याप्टेन पवन अग्रवाल के समेत उपस्थिति रहेके बतावल गइल बा ।

करिब ७ लाख के खर्च होखेवाला प्रतियोगिता मे प्याब्सन से आवद्ध ३२ गो माध्यमिक विद्यालय सब के सहभागिता रहे के प्याव्सल अध्यक्ष के डा. हरिशंकर साह बतइलन । अगहन १९ गते तक चलेवाला प्रतियोगिता प्याब्सन नगर कार्यसमिति के वर्तमान अध्यक्ष अलोक चौरसिया आ पूर्व अध्यक्ष इमामुद्दीन अहमद के संयोजकत्व रहल प्रतियोगिता राष्ट्रिय एम्पायर हीरालाल यादव के रोहबर मे होखे के अध्यक्ष साह बतइलन ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here