नेपाल लोक स्टार में भोजपुरी गीत से अडिसन शुरू करेवाला रविराज के भइल उत्कृष्ट २० में छनोट (भिडियो सहित )

393

आस,सावन १०

नेपाल के ही सब से बडका मौलिक रियालिटी शो कहाएवाला ‘नेपाल लोक स्टार’ के पहिलका सिजन के उत्कृष्ट २५ में परे में सफल भइल प्रदेश २ के सर्लाही जिल्ला के रविराज साह ताजा एपिसोड में ‘उत्कृष्ट २०’ में छनौट होखे में भी सफल भइल बाड़े ।

काल्हू प्रसारित भइल लोक स्टार के टॉप २५ परफॉर्मेंस वाला एपिसोड में उनका के उत्कृष्ट २० में छनौट कइल गइल रहे । ई बेर रविराज ऐगो नेपाली गीत आउर दु गो सहभागी लोग के साथ गईले रहले जेकरा के जज लोग खूब मन परईले रहे । आगा के छनौट अब दर्शक के भोटिंग पर निर्भर होखे के स्यंम रविराज फेस्बूक मार्फत बतइले बाड़े ।

देखल जाव काठमांडू में उत्कृष्ट २० में रविराज शाह के परफॉर्मेंस

आज प्रशारित ‘आईएमई नेपाल लोकस्टार’ एपिसोडमा उत्कृष्ट २० जना छनोट भएका छन् । Safe Zone मा रहँदै म पनि उत्कृष्ट २० मा परेको छु । यहाँसम्म पुर्याउनुहुने सबैमा धन्यवाद । आगामी चरणहरुमा (आउँदो विहीबार)दर्शकको भोटिङबाट छनोट हुनेभएकोले भोटिङमार्फत मलाई अझै अगाडि बढ्नका लागि सहयोग गरिदिन हुन सबैमा सादर अनुरोध गर्दछु । ‘आईएमई नेपाल लोकस्टार’ हरेक विहिबार तथा शुक्रबार राति ८:३० बजे AP1 HD र Nepal Lok Star यूट्यूब च्यानलमार्फत हेर्नसक्नुहुनेछ ।

Posted by Ravi Raj Shah on Thursday, July 25, 2019

जनकपुर के अडिसन आ काठमांडू के मेगाअडिसन पार करत रवि राज प्रतियोगिता के उत्कृष्ट २० में छनौट भइला बाद इहवाँ तक पहुचावे खातिर सभी दर्शकदीर्घा के धन्यवाद देत अगिला सप्ताह (अगिला बियफ़े) से आगे के चरण दर्शक के भोटिंग के आधार पर होखे वाला रहला से आगे भी साथ देवे खातिर सामाजिक संजाल फेस्बूक मार्फत हार्दिक अपील कइले बाड़े ।

नेपाल के ही सबसे बेसी इनाम रहल एह रियालिटी शो के विजेता के ५० लाख नगद दियाई आ दोसरका स्थान मे जितेवाला के २५ लाख नगद अउरी तिसरका स्थान लेआवेवाला के १० लाख नगद ईनाम बाटे । ओहितरे सबसे उत्कृष्ट १२ जने के विश्व भ्रमण प्याकेज आ एल्बम में गावे के मौका भी मिलि ।

सर्लाही के चन्द्रनगर गाँवपालिका ४, पोखरिया के रहनीयार २६ वरीष के साह जनकपुर में भईल प्रदेश नम्बर २ के अडिसन में भोजपुरी पहिरन में “ कवना नगरीया मोरा सैयाँ जी के डेरा” बोल के भोजपुरी निर्गुन गीत गा के सबकर मन जितके छनौट भईलन् ।

जनकपुर के अडिसन में गावल गाना

#IME NEPAL LOK STAR Ko Yatra prarambh#
#Hajur haruko Maya ra support Ko aasha Garda xu#
#PLZ WATCH EVERY THRUSDAY & FRIDAY @8:30 PM ON AP1 HD TV & NEPAL LOK STAR YOUTUBE CHANNEL#

Posted by Ravi Raj Shah on Friday, July 12, 2019

काठमाडु में भईल मेगा अडिसन में नेपाली पहिरन दौरा सुरुवाल आ ढाका टोपी में सज्जके साह “गोर गोर देहिया ओपर धानि रङ चुनरिया‘” बोल के भोजपुरी लोक गीत गईलन ।

काठमाण्डू में भइल मेगाअडिसन में रविराज शाह के परफॉर्मेंस

‘आईएमई नेपाल लोक स्टार’ को मेगा अडिसनबाट उत्कृष्ट २५ मा मलाई पुर्याउन योगदान गर्नुहुने आदरणीय निर्णायक मण्डल, संगीत गुरुहरु, परिवारजन, मित्रहरु तथा मलाई माया गर्नुहुने सम्पूर्ण संगीतप्रेमी दाजुभाई तथा दिदीबहिनीहरुमा हृदयदेखि धन्यवाद व्यक्त गर्दछु । आगामी दिनमा पनि यहाँहरुको निरन्तर साथ सहयोग रहने विश्वास लिएको छु ।
प्रत्येक विहिवार र शुक्रवार वेलुकी ८:३० वजे AP1 HD टेलिभिजन र नेपाल लोक स्टार यूट्यूब च्यानलबाट प्रत्यक्ष प्रसारण हेर्न नभुल्नु होला ।
#IME_NEPAL_LOK_STAR

Posted by Ravi Raj Shah on Saturday, July 20, 2019

लईकाई से ही संगीत में लगाव भईल साह गावँ के ही स्कुल से एसएलसी तक के पढाइ पुरा कईनी । अभी उ भारत के मुम्बइ मे रहल भारतीय विद्यापीठ में शास्त्रीय संगीत कें विद्यार्थी हवन । उ रेडियो नेपाल से स्वर परिक्षा तक पास करचुकल बाड़न ।

नेपाल लोक स्टार हरेक वियफे के आ शुक के रात में साढे ८ बजे एपी वान टेलिभिजन आ नेपाल लोक स्टार यूट्यूब च्यानल मार्फत प्रशारण होखेला ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here