नेपाल विश्व कप छनोट के पहिलका खेल मे जिम्बावे से ११६ रन से हारल ।

93

२०७४ फाल्गुन २० गते, वीरगंज

विश्व कप छनोट खेल के पहिलका खेल में ही नेपाल जिम्बावे से बहुत ख़राब तरीका से हारल बा। जिम्बावे के बुलावायो में होरहल खेल में जिम्बावे टॉस जित के बल्लेबाजी करके निर्णय कईले रहे। जिम्बावे ५० ओभर खेलके नेपाल के ३८१ रन के लक्ष्य देलख। जिम्बावे ओरीसे ब्रेनडान ट्रेलर १०० आ सिकन्दर राजा १२३ रन बनाके बढ़िया स्कोर खड़ा कइले रलख लोग।

लक्ष्य के पीछा करत नेपाल ५० ओभर में ८ विकेट के क्षति में २६४ रन ही बनावे सकल । नेपाल के ओरीसे शुरुआत करत उप-कप्तान ज्ञानेन्द्र मल्ल ३२ आ दिलीप नाथ २ रन बनाके पवेलियन लौटलख लोग। ओईसेही बल्लेबाज़ आ आल राउंडर कप्तान पारस खडका ४० रन, दीपेन्द्र सिंह ऐरी २३ रन, शरद भेस्वाकर ५२ रन, आरिफ शेख ५० रन आ रोहित पौडेल ३० रन मात्र बनाके आपन तरफ से योगदान देलख लोग। वर्डकप के छनौट खेलमे टेस्ट मान्यता प्राप्त देश से नेपाल खेलल ई पहिला बेर हवे । नेपाल खातिर आपन बेरके ५० ओभर पूरा खेलल ही एक मात्र सकारात्मक पक्ष रहे ।

नेपाल के अगिला खेल स्कॉटलैंड से फाल्गुन २४ गेते बियाफ़े के बा।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here