नेपाल सारकार के बाध्यत्मक ब्यावस्था से मज़दूर लोग मार मे परल बा – सांसद प्रदीप यादव

    179

    वीरगंज, ७ कुवार ।

    सरकार के बाध्यत्मक ब्यावस्था से मजदूर लोग मार मे परल बा सांसद प्रदीप यादव के कहनाम बा । कर के भार लाद के उधोग धन्दा चौपट बनावे के खेल कुवार ६ पर्सा  के गरीब मज़दूरन के समेत मजबूरन ब्यक्तिगत प्यान कार्ड लेवे ही के पड़ी सरकार के यी बाध्यत्मक ब्यावस्था से मज़दूर लोग अन्याय मे परल सांसद प्रदीप यादव बतवले  बाड़े ।

    वीरगंज के होटल मकालू मे आयोजित प्रबिधि आ सामाजिक बिकास सम्बन्धी अभिमुखीकरण कार्यक्रम के सम्बोधन करत सांसद यादव नेपाल सरकार के लियावल अर्थ ब्यावस्था सदृढ़ जइसन नीति से घरेलू आ स्थानीय उत्पादक लोग मार मे पर रहल बा सांसद यादव बतवले । उ कहले, जे आज ले बैंक के मुह नईखे देखले उ मजदूर काहा से प्यान कार्ड लेवे आई , ईटटा उधोग मे अनलाई बिलिंग प्रणाली के कौन काम बा ?

    अर्थमन्त्री के आगा सावाल करत सांसद यादव ग्रामणि बस्ती मे ठीक से बिजुली बति के ब्यावस्था नईखे हो सकत आ यी अवस्था मे इन्टरनेट बिलिंग के काम कइसे होई ? पर्सा क्षेत्र नम्बर १ के सांसद समेत रहल सांसद यादव जनता के मारे वाला कर से सरकार ५ लाख युवा के रोजगार देवे के लक्ष्य मे बाधा पाहुची बतवले ।

    स्थानीय उत्पादक उधोगी ब्यापरी के अनेकन बहाना मे कर के भार थोप के उधोग ही चौपट बनावे के खेल से देश अग्रगति ओर नईखे जा सकत उनकर कहनाम रहल । एही से पहिले जेतना अभी ईटटा उधोग मे बाल मजदूर जईसन समस्या नईखे आ बेमौसमी परेवाला पानी से ईटटा उधोग मे होखेवाला नोकसानी मे नेपाल सरकार के क्षतिपूर्ति के ब्यावस्था करे के चाहि सांसद यादव के कहनाम रहे ।

    जनता के साथ मे हर वक्त  हम रहल बानी आ रहेम जनता के समस्या समाधान के खातिर हम सांसद मे समेत आवाज उठावत आइल बानी बतवले । बारा पर्सा ईटटा उधोग ब्यावसायी संघ के अध्यक्ष असर्फी प्रसाद जयसवाल के सभापतित्व मे भईल कार्यक्रम मे नेपाल ईटटा उधोग महासंघ के केंद्रीय अध्यक्ष महेंद्र बहादुर चित्रकार, प्रदेश नम्बर २ के प्रदेश सभा सदस्य मंजूर आलम, पर्सागढ़ी नगरपालिका के मेयर लोक नारायण यादव, पोखरिया नगरपालिका के मेयर दीप नारायण प्रसाद रौनियार सहित के उपस्थिती रहे ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here