नेपाल से सटल बिहार के बैरगनिया में ११ बरिस के लईकी के सामूहिक बलात्कार के बाद नृशंस हत्या

690

आस, वीरगंज, अगहन २७ ।

नेपाल के रौतहट ज़िला के गौर बोर्डेर से सटल बिहार के सीतामढ़ी ज़िला के बैरगनिया में आठ क्लास में पढ़े वाली ११ साल के एगो लईकी प्रियांशु कुमारी के सामूहिक बलात्कार का बाद नृशंस हत्या कईल गईल बा।

केतना विडम्बना बा एक ओरी माता सीता के नगरी नेपाल के जनकपुर में राम सीता के शादी धूमधाम से मनावल जात रहे त उहवे एक ओरी नेपाल से सटल बिहार के बैरगनिया में एगो नाबालिग़ लईकी के इज़्ज़त तार-तार कईल जात रहे।

बतावल जा रहल बा कि २४गते सोमार के दिन बैरगनिया के माई स्थान में घर रहल प्रियांशु कुमारी मोहल्ला में एगो शादी रहे। २२ गते सनिचर के दिन ईहे शादी के मटकोर खोने लाल दास मढ़ स्थित रेलवे लाईन में सबके संगे गईल रहली। नाच-गाना के क्रम में ही चलत भीड़ के बीच से मोका देख के अपराधी प्रियांशु के अपहरण कर लेहलन सन।

प्रशासन के घोर लापरवाही फेर एक बेर उजागर भईल। बारमबार पुलिस प्रशासन लगे गुहार लगईला का बाद भी २२ गते सनिचर के सँझिया से लेके २५ गते मंगल के दिन के २ बजे तक उनकर कवनो थाह-पता ना लागल।

सूत्र के अनुसार २५ गते मंगल के ही दिन ३ बजे ११ वर्षीया प्रियांशु के लाश प्रिया रानी डिग्री कौलेज निकट एगो झाड़ी में फेंकल मिलल। पूरा शरीर पर लोहा के रौड से आ सिगरेट से दागल के निशान रहे। पूरा चेहरा तेज़ाब से जरावल रहे।

(आपन वीरगंज मानवता के शर्मसार करे वाला एह फ़ोटो के बिना धुँधला कके नईखे देखा सकत।)

हैवानियत के पराकाष्ठा देखीं कि लाश पूर्ण रूप नग्न अवस्था फेंकल गईल रहे। प्रशासन के तरफ़ से पोस्टमोर्टेम से इंकार कईला के बाद पटेल चउक प लाश के रख के पीड़िता के परिवार के साथे-साथे अन्य लोग भी धरना प्रदर्शन कईलख लोग। पुलिस प्रशासन आ प्रदर्शनकारी के बीच झड़प भी भईल।

आख़िर जनता के आगे प्रशासन के हारे के परल तब जाके लाश के पोस्ट मोर्टेम भईल। सूत्र के अनुसार एगो आरोपी के गिरफ़्तारी भईल बा। अभिन आऊर आरोपी लोग क़ानून के गिरफ़्त से बाहर बा। २५ गते मंगल के ३ बजे से ही पूरा बैरगनिया जल रहल बा।

(आपन वीरगंज मीडिया परिवार एह घटना के घोर भर्त्सना करत संवेदना प्रकट कर रहल बा।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here