The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

नेबिसंघ ठा.रा.ब. क्याम्पस इकाई समिती द्वारा वीरगंज महानगरपालिका प्रमुख बिजय सरावगी के ज्ञापनपत्र ।

वीरगंज, ०४ जेठ ।

नेपाल बिधार्थी संघ ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस इकाई समिति अध्यक्ष मनोज साह के नेतृत्व मे गइल बिधार्थी समूह वीरगंज महानगपलिका के कार्यालय मे पहुच के वीरगंज महानगपलिका प्रमुख बिजय सरावगी के ज्ञापन पत्र देहले बा । ६ गो बूँदा लिखल ज्ञापन पत्र पढ़ के हस्तांत्रण कईल गइल रहे ।

विश्व भर मे कोरोना महामारी से नेपाल समेत दुनिया के अनेक राष्ट्र प्रभावित आ त्रासित बा । कोरोना के रोके के नियन्त्रण करे मे नेपाल सरकार, प्रदेश सरकार आ स्थानीय सरकार गंभीर रूप से ना लेहला के चलते आज यी महामारी के जोखिम तेज गति मे बढ़ रहल बा ।

लकडाउन के समय भर आम जनता मे डर आ त्रास बढ़त गइल, जनशक्ति आ स्वास्थ्य सामाग्री के कमी देखत पीसीआर परीक्षण सुस्त गति मे कईल आ मानवीय संवेदनशीलता के ख्याल ना कर के मापदण्ड के उल्टा क्वारेंटाइन निर्माण कर के क्वारेंटाइन मे ही संक्रमण के कारख़ाना बनत गइल आ दिन पर दिन धारासाही हो रहल पर्यटन आ उद्धोग व्यवशाय फेरु उत्पादन खातिर राहत के कवनो किसिम के कार्यक्रम ना लिया के श्रमिक बेरोजगार बिधार्थी के राहत आ कवनों बिशेष कार्यक्रम लियावे ना सकल ।

लकडाउन के कारण बिधालय कालेज बंद हो के बिधार्थीयन के शैक्षिक भविष्य दोधार मे भइल समय गम्भीर ध्यानाकर्षण आ आवश्यक कार्ययोजना निर्माण करे के वीरगंज महानगपलिका असफल भइल महानगपलिका अइसन स्थिति मे भी वीरगंज महानगपलिका मे अनियमितता आ भ्रष्टाचार मे सामील रहल के उ लोग के आरोप बा ।

कोभिड़-१९ के महामारी रोग नियन्त्रण करे खातिर अल्पकालीन भा दीर्घकालीन नकारात्मक प्रभाव न्यून करे खातिर जनता के सरोकार आ आवश्यकता बिषय के बिषय के सम्बोधन करावे खातिर वीरगंज महानगपलिका जल्दी से जल्दी डेग आगा बढ़ाओ क़हत ज़ोरदार मांग नेविसंघ ठाकुर राम बहुमुखी क्याम्पस इकाई समिति ज्ञापन मार्फत मांग कइले बा ।

यी कार्यक्रम मे नेविसंघ के युवा नेता धीरज गुप्ता, अंजन गुप्ता, उपेन्द्र यादव, राहुल शर्मा, राजीव गुप्ता आ नेविसंघ जिल्ला सदस्य राहुल गुप्ता समेत के सहभागिता रहल रहे ।

प्रतिकृया
Loading...