नेरामावि फेटा मे करिब दु लाख ५० हजार के समान चोरी

बारा ०३ भादो, प्रभु यादव ।
बारा फेटा गाँवपालिका ३ मे रहल नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय मे करिब दु लाख ५० हजार बराबर के समान चोरी भईल बा ।
सोमार के रात मे विद्यालय के लेखाशाखा के ताला तुर के समान सब चोरी कईल प्रधानाध्यापक दिपेन्द्र स्वर्णकार जानकारी करावले बानी ।
लेखा शाखा मे रहल डेल के कम्युटर १ थान, प्रोजेक्ट १ थान, फोटोकपी मेशीन प्रिन्टर सहित के १ थान, एक्सटेन्सन बोर्ड १ थान आ कक्षा कोठा सहित मे से ८ थान पंखा चोरी भईल प्रअ स्वर्णकार जानकारी करावले बानी ।
विद्यालय मे कुछ दिन पहिले कोरोना भाईरस के संका लागेवाला लोग के राखेला करेन्टाइन राखल रहे । करेन्टाइन हटला के बाद चोर रात के समय मे ताला तुर के समान लेगईल जनकारी करावले बानी ।
चोरी भईल समान के खोजतलास करेला नेपाल प्रहरी के जनकारी करावल गईल सवर्णकार जनकारी करावले बानी । श्रोत : भोजपुरी टाइम्स

