नेविसंघ पर्साद्वारा जिल्ला में नियमित रूप से बिधुत सुचारु करे खातिर ज्ञापन पत्र

214

वीरगन्ज, २४ सावन ।

नेपाली कांग्रेस से आवद्ध नेपाल विद्यार्थी संघ पर्सा द्वारा जिल्ला में नियमित रुप से बिधुत सञ्चालन करे के मांग राखत नेपाल बिधुत प्राधिकरण वीरगन्ज वितरण केन्द्र में ज्ञापन पत्र बुझावल गइल बा ।

नेविसंघ के जिल्ला अध्यक्ष विकास तिवारी के नेतृत्व में गइल संघ के युवा लोग शुक के दिन प्राधिकरण के प्रमुख मुनिन्द्र ठाकुर के ज्ञापनपत्र बुझावत जिल्ला भर के बिधुत नियमित रुप में सुचारु करे के मांग कइले बा लोग ।

ज्ञापन पत्र बुझावत संघ के जिल्ला अध्यक्ष तिवारी मुलुक लोडसेडिङ्ग मुक्त घोषणा हो चुकल के सरकारी दाबी के बावजूद भी एह जिल्ला में बारम्बार बिधुत कटौती कइला से जिल्लावासी बहोत आजित हो चुकल आ एह बिषय में सुधार ना होई त कडा संघर्ष करे के चेतावनी समेत देहले बाड़े ।

‘पर्सा जिल्ला बाहेक अन्य जिल्ला में लोडसेडिङ्ग नईखे माकिर बिगत कुछ सप्ताह से पर्सा में अघोषित लोडसेडिङ्ग हो रहला से जिल्लावासी लोग कष्टकर जिवन बितावे पर विवस भइल बाड़े’ ऊ कहले, ‘अइसन गर्मी में भी नियमित बिधुत कटौती हो रहल बा, एपर गम्भीर भइल जरूरी बा । ‘

अघोषित लोडसेडिङ्ग के समस्या समाधान कर के नियमित रूप से बिधुत सुचारु कर के जनता में सर्वशुलभ तरिका से सेवा उपलब्ध करा देवे के ज्ञापन पत्र मार्फत जोडदार मांग करत तत्काल ई समस्या समाधान ना होई त हमनी चरणबद्ध रुप में आन्दोलन में जाए पर विवस बानी सन, ज्ञापनपत्र में उल्लेख कइल गइल बा ।

ज्ञापनपत्र स्वीकारत प्राधिकरण के प्रमुख ठाकुर नियमित बिधुत कटौती में समस्या रहल स्वीकार करत एकरा के सही करे खातिर ऊपर के निकाय में पहल करे के आश्वशन देहले ।

ऊ कहले , ‘नेपाल में ४० प्रतिशत बिधुत पड़ोसी मुलुक भारत से आयात कइल गइल बा, भारत में ही नियमित बिधुत में समस्या आवत रहला से एह क्षेत्र में भी समस्या आवत रहेला ।’

ज्ञापनपत्र बुझावे के कार्यक्रम में नेविसंघ के उपाध्यक्षद्वय शेष हजरा, साबिर हुसैन, सचिव समिर मन्सुरी, सह सचिवद्वय राजेश पटेल, रमेश यादव, सदस्य लोग में प्रभु साह, नेजार हासमी लगायत नेविसंघ के विद्यार्थी नेता लोग के सहभागिता रहल रहे । अंकुश दैनिक ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here