The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

नेवि संघ मे अउर सात जने के जोडल गईल

काठमाण्डू, २० माघ ।

नेपाली कांग्रेस के प्रमुख भातृ संगठन नेपाल बिधार्थी संघ के तदर्थ समिति मे सात जने अउर जोडल गईल बाड़े लोग । नेता रामचन्द्र पौडेल आ कृष्ण प्रसाद सिटौला के करीबी सात गो बिधार्थी नेता के संघ के तदर्थ समिति मे कांग्रेस के सभापति शेरबहादुर देउवा मनोनीत कईले बाड़े ।

सभापति देउवा एतवार के दिने संघ तदर्थ समिति मे दु गो उपसभापति आ पाँच गो महमन्त्री जोडले बाड़े । संघ के उपासभापति मे झापा के तुलसा पन्त आ रुपन्देही के मुक्तिराज पौडेल के संघही महामंत्री मे तनहु के दीपक भट्टराई, धादिङ के रूमीला थपलिया, मकवानपुर के प्रभात कुमार दाहाल, सिंधुपाल्चोक के बलदेव तिमलीसीना आ स्याङ्ग्जा के युवराज पाण्डे रहल बा लोग । सभापति देउवा माघ १६ गते संघ अध्यक्ष मे राजीव ढूंगाना आ महामंत्री मे मनोज बैध आ माहेश्वरी कुँवर के जिम्मेवारी देहले रहले ।

प्रतिकृया
Loading...