The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

नेशनल मेडिकल कालेज वीरगंज आ आन्दोलनरत बिधार्थी बीच चार बूँदा पर सहमति

वीरगंज, २४ अगहन ।

नेशनल मेडिकल कालेज वीरगंज आ आन्दोलनरत बिधार्थियन बीच काल्ह चार बूँदा पर सहमति भईल आ आज से नेशनल मेडिकल कालेज के पढ़ाई शुरू भईल ।

अगहन १० गते शिक्षा मंत्रालय मे भईल सहमति कार्यान्वयन के समय मे कालेज प्रशासन आ आन्दोलनरत बिधार्थियन बीच बैठक बईठ के बतकही भईल रहे । बतकही मे कालेज प्रशासन शैक्षिक बर्ष २०७५/७६ के पहिलका किसता आ कुछ अतिरिक्त शुल्क दे देहल बिधार्थीयन के बिधी परीक्षा, रजिष्ट्रेसन, काउन्सिल रजिष्ट्रेसन, हॉस्टल आ खाना के काट के बाँकी पैसा आवेवाला किसता मे समायोजन करे के सहमति भईल खबर मिलल बा । समायोजन के लिस्ट एक हप्ता के भीतर प्रकाशित करे के प्रशासन सहमति जनवले बा ।

शैक्षिक साल २०७५/७६ के हक मे निर्धारित शुल्क के आलावा बाँकी दोसर शुल्क आजू से ही समायोजन आ वापिस प्रक्रिया शुरू करे के सहमति भईल बा । आवे वाला दिन मे त्रिभुवन विश्वबिधालय द्वारा निर्धारित शुल्क ही खाली देवे के आंदोलन कईल आधार पर बिधर्थियन के पूर्वाग्रह ना राख़ के आंदोलन वापस लेवे के भी सहमति भईल । आनलाइन खबर

प्रतिकृया
Loading...