न्यायीक समिति के संयोजक के उपस्थिती में भइल दहेज सहित के बालवियाह

208

 प्रभु यादव ।कलैया, असाढ़ २२

बारा के सवर्ण गांवपालिका वार्ड नम्वर ४ वेलवाटोला हर्दिया मे दहेज सहित के बालवियाह सम्पन्न भईल बा । दुलहा अभिजित कुमार मण्डल आ सहवोलीया नन्दकिशोर साह तेली सहित आईल बराती गाँव के सम्पुर्ण समाज आ न्यायीक संयोजक बविता यादव के सामने विवाह भईल ।

सुवर्ण गांवपालिका के सहयोग आ जनहित संचार नेपाल कलैया- ७ के आयोजना मे लइका लइकी के वियाह गाँव के छोटका बडका , बुढपुरान , जनानी मर्दाना सभेके सहभागीता रहल सभा मे दुलहा दुलही के वियाह करावल गइल रहे ।

समाज मे दिन प्रति दिन बढरहल विकृती के अन्त्य करे खातीर समाजिक जगह पर नाटक के माध्यम से बालवियाह करावल कानुन अपराध भइल देखावल गईल रहे । लईका मे वियाह कईला पर कईसन असर परेला नाटक के द्वारा देखावल गईल जवना से देखेवाला के मन मे डर समागईल रहल ।

नाटक मे बालश्रम कईल करावल आ दहेज लेके बालवियाह कईला पर सरकार से कानुन के अनुसार सजाय कइसे देहल जाला देखावल गइल रहल ।

नाटक के पात्र सब नन्दकिशोर साह तेली, अभिजित कुमार मण्डल, भागिरत साह, सुरेन्द्र प्रसाद यादव, पारस पटेल, ज्ञानेन्द्र सिह, नर्वदा श्रेष्ठ, लक्ष्मी देवी, ज्योती कुमारी, गिता नेपाली आ गायक जितेन्द्र यादव आपन कला देखा के समाज मे रहल अनहरीया के अजोरी देखवले रहलन ।

कार्जक्रम के अध्यक्षता सुवर्ण गाउपालीका वार्ड नम्वर ४ के अध्यक्ष दोलेन्द्र प्रसाद यादव प्रमुख अतिथि गांवपालिका अध्यक्ष महेन्द्र यादव विशिष्ठ अतिथि उपाध्यक्ष वबिता यादव, प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत नवीन श्रीवास्तव, समाजिक शाखा के संजिव यादव आयोजक संस्था के अध्यक्ष अनुरूध महतो आ उपाध्यक्ष जिउत पासवान लगायतके लोग समाज से विकृती हटावे मे सभे लोग लाग के हटावे के कहले रहलन ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here