The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

पकहामैनपुर वाड नम्बर ३ के रास्ता मरमत ना भइला से स्थानीय जनता के समस्या

वीरगंज, १५ आसाढ़

पर्सा के पकहामैनपुर गांवपालिका वाड नम्बर ३ के स्थानीय जनता गावनपालिका आ वाड कार्यालय गाव के विकास मे ध्यान ना दे रहल के ओरहन सुनवले बा लोग ।

चुनाव जितला के एतना दिन बितला के बाद भी वाड कार्यालय आ गांवपालिका गाव मे आवेजाए वाला मुख्य सड़क तक नईखे बनावे सकले लोग स्थानीय लोग के आरोप बा । सड़क ना बनला के चलते स्थानीय लोग के सड़क मरमत ना भइला से पहिले के जईसन अभी भी बरसात के मौषम मे दुख भोगे के पर रहल स्थानीय लोग कहले ।

स्थानीय जनता गावपालिका अध्यक्ष विजय चौरसिया आ वाड अध्यक्ष मदन साह दुनु जने गाववासी के समस्या के बारे मे ध्यान नईखे लोग देत ओरहन देहले बा लोग ।

 

प्रतिकृया
Loading...