The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

पकाहा मैनपुर मे पोखरा के आँट प बइठल लोग के उपर प्रहरी द्वारा लाठी चार्ज, ९ जने घायल

पकाहा मैनपुर, २३ जेठ ।

पर्सा के पकाहा मैनपुर गांवपालिका के वाड नम्बर २ मे रहल सार्वजनिक पोखरा के आँट पर बइठल लोग ऊपर प्रहरी लाठी चार्ज कईले बा । लाठी चार्ज से ९ जने घायल भइल बाड़े ।·

घायल होखे मे जुगुल सहनी, रामविनेश सहनी, बिजय चौहान, मोहन साह, बिशाल पटेल, बागड़ मिया, बिगु साहनी समेत के स्थानीय लोग बा ।

घायल जुगुल साह के हिसाब से पोखरा मे मछरी मारात रहे कह के मिलल सूचना के आधार पर प्रहरी ऊहा पहुचल रहे । तब तक मछरी मारेवाला लोग मछरी मार के जा चुकल रहे लोग । पकाहा मैनपुर गांवपालिका वाड नम्बर २ आ ३ के एक दर्जन से बहूती आदमी लोग पोखरा के आँट पर बइठल रहे लोग ।

ओहि बेरा एकाएक नेपाल प्रहरी आ शासस्त्र प्रहरी पहुच के लाठी चार्ज कइलख आ हमनी के पीट के घायल बनवलख जुगुल साह ओरहन सुनवले । साह कहले पोखरा पर एकाएक पहुचल प्रहरी बिना कुछ पुछले लाठी चार्ज करे लागल । हमनी के बात प्रहरी बिना सुनले सीधे पीटे लागल । लाठी, हेलमेट आ मुक्का से हमनी के प्रहरी पिट के घायल बनवलख ।

घायल जुगुल साह के वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे आ दोसर घायल लोग के स्थानीय स्वास्थ्य संस्था मे इलाज भइल रहे । अभी सभी कोई के अवस्था सामान्य बा । कालिका टाइम्स

प्रतिकृया
Loading...