पचरौता नगरपालीका मे भइल झडप पर राजपा नेपाल के ध्यानाकर्षण 

120
कलेया, कार्तिक ८ । प्रभु यादव ।
राष्ट्रिय जनता पार्टी नेपाल बारा के पचरौता नगरपालिका मे दु पक्ष मे भइल झडप के सम्बन्ध मे ध्यानकर्षण भईल बा । कार्तिक ५ गते के दिन सामुहिक झडप भईल जवना उपर बियफे के बईठल पार्टी के बैठक मे गम्भीर ध्यानकर्षण भईल अध्यक्ष महेन्द्र मण्डल के हस्ताक्षर प्रेस विज्ञापप्ति से जनकारी करावले बा । पचरौता नगरपालिका सघर्ष समिति के ७ बुन्दे अा चौतर्फी विकास सघर्ष समिति के १३ बुन्दे मांग राख के नगर प्रमुख समक्ष ज्ञापन पत्र देहल गईल सम्बन्ध मे पार्टी के ध्यानकर्षण भईल विज्ञाप्ति मे जनावल गईल बा ।
दु समिति बिच भईल झगडा से धन माल के क्षति से जोगावल सफल रहल माकिर उ जगह मे जनता मे डर, त्रास , चिन्ता अा भय बढल जवना से जीवन वितावे मे कठिनाई भईल विज्ञाप्ति मे जनावल गईल बा । स्थानिय जनता से उठावल गईल जायज मांग मे पार्टी के समर्थन रहल बा जनकारी देहल बा ।
शान्तिपूर्ण जुलुस प्रदर्शन करके अापन जायज मांग सब पूरा करावेला विर‍ोध के कार्जक्रम सब करेके मिलेके स्थानिय जनता के र्साभावमिक अधिकार रहल बा पचरौता नगरपालीका सघर्ष समिति से बुझावल गईल ज्ञापन पत्र के मांग समाधान करे के नगरपालीका अा सम्बन्धित निकाय से वैधानिक प्रकृया पुगा के जल्दी से जल्दी पूरा करे के विज्ञापति मे मांग पार्टी कइल जनकारी देहले बा ।
पचरौता नगरपालीका क्षेत्र मे कवनो किसिम के अवान्छनिय ना करेके अा ना करावे के कहत शान्ति सुरक्षा कायम राखेला पचरौता नगरपालीका, सम्बन्धित सघर्ष समिति, जिल्ला प्रशाासन कार्यालय बारा, सुरक्षा निकाय, राजनिति दल के नेता कार्यकर्ता, अा समाज के अगुवा सब से राजपा नेपाल बारा समिति विज्ञाप्ति मार्फत निहोरा कईले बा ।
advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here