पडोसी से भईल झागरा में एक जाने के जान गईल आरोपी प्रहरी घेरा में,अनुसन्धान आगा बढ़ल

378
मृतक सुखलाल साह के तस्बीर

फाल्गुन २० शनिचर, बीरगंज

शनिचर के दिने लगभग सझिया के ६ बजे बहुदरामाई नगरपालिका गमहरिया वाड न. ४ के रहेवाला सुखलाल साह के पडोसी लोग से भईल झगडा में पडोसी लोग पिट पिट के ह्त्या करे के इल्जाम उनकर दामाद रामलाल साह लगवले बाड़े | झगडा के आरोपित मोतीलाल साह कानू अभईन प्रहरी के घेरा में बाड़े आ आगा के अनुसंधान हो रहल बा कह के महुवान प्रहरी चौकी के इंचार्ज बतवले |

२ गो बेटी के बाप रहल सुखलाल साह के एगो बेटी रामलाल साह के पत्नी आजू नहियर आईल रहली | बाबूजी के अवस्था बहुत खराब बा कह के फोन पर रामलाल साह के खबर कईलाके बाद रामलाल साह ससुराली पहुच के आपन ससुर सुखलाल साह के नारायणी उपक्षेत्रीय स्पताल में लिया के भर्ती करवले पर उनकर मृत्यु पहिले ही हो गईल रहल कह के इलाज में लागल डाक्टर जानकारी करवले | मृतक के शरिर पर कौनो घाव चाहे चोट के दाग ना देखाई देला के वजह से शंका की कारण शव परिक्षण कारे खातिर नारायणी अस्पताल में राखाल बा |

साभार : एसियान्यूज

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here