पत्रकारिता ज़िम्मेवार पद पर रहल ब्यक्ति के उतरदायी बनावेला : मेयर सरावगी

73

बीरगंज, ६ चईत

बीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय सरावागी पत्रकार लोग के खोज अनुसंधान मे सृजनशिल भईला के कारण ही देश बिकास मे आगा बढ़रहल बतवले ।

शृजनशील युवा लोग के समूह संस्कृति बीरगंज मे आजू से आयोजना कर रहल ५ दिन के नि: शुल्क आधारभूत फोटोग्राफी तालिम के सम्बोधन करत सरावगी यी बात कहले ।

बीरगंज महानगरपालिका के सभा हल मे आयोजित कार्यशाला उदघाटन समारोह मे मेयर सरावगी पत्रकारिता ज़िम्मेवार पद मे रहल ब्यक्ति के उतरदायी बनावे मे महत्वपूर्ण योगदान होखला के कारण स्वच्छ आ सकारात्मक बिकासशील पत्रकारिता आज के आवश्यकता रहल बा बतवले ।

अभिन के युग संचार के युग भईला के कारण फोटोग्राफी बहुते महत्वपूर्ण बा कहले । एगो फोटो बहुते चीज के सवाल, जबाब, समाधान करे के क्षमता रखला के कारण फोटोग्राफी के तरफ अभिन के युवा लोग आपन भबीष्य सुनिश्चित करे लागो लोग कहले |

बीरगंज महानगरपालिका के सहयोग मे आयोजित कार्यशाला मे सरावगी बीरगंज अपने आप मे महत्वपूर्ण आ एतिहासिक शहर भईला के चलते

युवा लोग के बृती बिकास के खातिर अईसन तालिम के आयोजना के आवश्यकता जरूरी बा आपन धारणा रखले । महानगर  अइसन कार्यक्र्म के सहयोग करे खातिर सदैव तैयार रही बतवले । ओइसे ही रचनात्मक पर परिणाम मुखी कार्यक्रम के खातिर बजेट भी अलग राखल बा कार्यक्रम के अवसर पर जानकारी करवले ।

नेपाल के प्रसिद्ध डकुमेंट्री फोटोग्राफर किशोर शर्मा प्रमुख प्रशिक्षक रहल यी कार्यशाला मे अनेकन संचार माध्यम से जुडल पत्रकार, स्वतंत्र फोटोग्राफर आ फोटोग्राफी सीखे के इकच्छुक २० जने के सहभागिता रहल ।

ओइसे ही कार्यक्रम मे बीरगंज से रास्ट्रीय संचारमाध्यम से जुडल क्रियाशील रूप मे पत्रकारिता मार्फत समाज सेवा करत आईल एभीन्यूज टेलिभिजन के नेपाल ब्यूरो प्रमुख पद पर न्यूक्त राजू श्रेष्ठ के प्रशंसा पत्र देते संस्कृति समान भी कईलख । श्रेष्ठ के चदार ओढ़ा के आ टीका लागा के नगर प्रमुख सरावगी आ उप प्रमुख शांति कार्की  सम्मान कईलख लोग ।

कार्यक्रम मे संघीय समाजबादी फोरम नेपाल के बीरगंज नगर अध्यक्ष मुकेश द्विबेदी, नेपाल फोटो पत्रकार समूह के केंद्रीय उपाध्यक्ष आ फोटो पत्रकार राम सर्राफ, उहे समूह के पर्सा जिल्ला अध्यक्ष पंकज श्रेष्ठ, उपा अध्यक्ष बिजय चौहान, कोशिस फाउंडेशन के सह-संस्थापक मदन गुप्ता, पत्रकार रितेश त्रिपाठी लगायत के फोटोग्राफी आ बीरगंज संचार माध्यम के अवस्था के बारे मे आपन आपन बिचार रखले लोग ।  कार्यक्रम मे सहभागी लोग प्रशिक्षार्थी के ज्यादा से ज्यादा ज्ञान हासिल करे के उत्साहित करत अनुरोध कईलख लोग । कार्यक्रम के अध्यक्षता  संस्कृति के अध्यक्ष शैली चौधरी कईले रहली उहे सहजीकरण खातिर आशु सर्राफ आगा रहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here