पत्रकार के एक करोड़ तक जरिवाना प्रस्ताव से पीछे हटल प्रदेश २ सरकार

61

जनकपुरधाम, ०३ जेठ ।

प्रदेश २ सरकार पत्रकार से ५० लाख से एक करोड़ तक के जरिवाना करेवाला प्रस्ताव से पीछे हट गइल ।

बियफे के दिने प्रदेश सभा मे दर्ता भइल संचारसम्बन्धी के बिधेयक मे प्रदेश के सार्वभौमसत्ता, भौगोलिक अखंडता आ राष्ट्रियता मे आँच आवेवाला बिषय पर समाचार प्रकासन आ प्रशारण कईला पर ५० लाख से एक करोड़ तक जरिवाना करे के ब्यावस्था रहे, जेकर चारुओर बिरोध भइल रहे ।

माकिर अब बिधेयक दर्ता करेवाला प्रदेश के आन्तरिक मामिला आ कानूनमन्त्री ज्ञानेन्द्र कुमार यादव प्रस्ताव वापिस लेवे के बात बतवले बाड़े । समप्रभुता के बिरोध मे समाचार लिखला पर ५० लाख से एक करोड़ तक जरिवाना करेवाला वाक्य एकरा साथ साथे कुछ शब्दावली गलती से लिखा गइल उनकर दाबी रहल ।

मन्त्री यादव विज्ञप्ति निकालत सञ्चारकर्मी लोग के सल्लाह सुझाव के हिसाब से संशोधन कर के एकरा के आगा बढ़ावे के बात जानकारी करवले ।

स्वनियमन सम्बन्धी प्रस्ताव स्वीकार करे खातिर सञ्चारकर्मी लोग के निहोरा भी कईले । प्रेस स्वतन्त्रता पर प्रदेश सरकार बहुते सकारात्मक आ संवेदनशील रहत आइल क़हत विज्ञप्ति मे प्रेस स्वतन्त्रता के उपर आघात पाहुचेवाला आ सञ्चारकर्मी लोग के जनउतरदायी काम के निषेध करेवाला अइसन कौनों प्रयास या नियत प्रदेश सरकार के नईखे लिखल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here