पत्रकार जदी प्रकाशक हो जाए त प्रेस स्वतन्त्रता के हनन ना होखला – क्रिस्टोफर डोनाल

    258

    काठमाण्डू, २० माघ ।

    वासिंगटन टाइम्स के अध्यक्ष आ सम्पादक क्रिस्टोफर डोनाल पत्रकार जदी प्रकाशक हो जाए एसे प्रेस स्वतन्त्रता के हनन होला कहल उचित नईखे कहले बाड़े । सीओल मे भइल वर्ल्ड पीस मीडिया कंसफ्रेंस मे बोलत उ कहले अइसन से त पत्रकारिता के अउर बल आ ऊर्जा मिलेला ।

    प्रेस स्वतन्त्रता महत्वपूर्ण बा माकिर पत्रकार जदी प्रकाशक हो जाए त ओसे प्रेस स्वतन्त्रता के हनन होला कहल उचित नईखे । उ कहले प्रिंट पत्रिका के समय खतम हो गइल यी सरासर गलत धारणा ह । प्रिंट पत्रिका के अलग पाठक होले लोग आ अनलाइन के अलग ही भूमिका आ पाठक लोग बा डोनल कहले ।

    पत्रकारिता मे भइल नया नया प्रयोग भी बजार से जदी ना जोडल जाई त सफलता ना मिले सकी उनकर कहनाम रहल । कोई कोई त बिना बिज्ञापन के भी मीडिया चला रहल बा लोग जदी सहजोगी लोग उ लोग के सहजोग ना करे त का हाल होई ? प्रश्न भी कईले । पत्रकारिता के एक तरह से अलग ही चुनौती बा आ ओकरा के उचित ढंग से सजग हो के समाधान करे के कहले । साभार : नागरिक न्यूज

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here