पप्पू कन्स्ट्रकशन द्वारा कछुवा के रफ्तार से हो रहल निर्माण से बारावासी पीड़ित

207

कलैया, २७ फागुन

बारा के कलैया – वीरगंज सडकखण्ड अन्तर्गत सडक बिस्तार के काम से सडक के अवस्था दिनप्रतिदिन दयनीय होत जा रहल आ एसे सडक दुर्घटना के सम्भवाना बढ़ल जा रहल बा ।

कलैया वीरगंज सडकखण्ड अन्तर्गत कोईरिया चौक, मोतिसर चौक मे बनावल डाईभरसन से पूरा सडक खण्ड धुरामय बन गईल आ बड़का सवारी साधन सब के तिब्र गति के करते भी सडक के वतावरण ही धुरामय बनला से कोईरिया चौक लगे उख लोड करत ट्राक्टर पलट गईल रहे ।

सडक बिस्तार के काम भी कछुवा के रफ्तार मे काम कर रहल स्थानीय लोग के आरोप बा । सडक के किनार मे पानी ना डालला से सवारी सब के चलावे मे बहुते दिक्कत हो रहल चालक लोग के कहनाम बा ।

कलैया वीरगंज सडक खण्ड मे सडक के किनार मे राखल धुरामाटी से सवारी साधन सब के दुर्घटना हो रहल बा । धुरा गर्दावाला सड़क,सवारि के चाप ,ओभर्टेक आ तिब्र गति के करते दुर्घटना हो रहल ट्राफिक पोष्ट कलैया के प्रहरी सहायक निरीक्षक जयप्रकाश मन्डल बतवले बानी ।

पप्पु कन्ट्रकसन द्वारा मिलाके लेहल ई ठेक्का मे उचित ब्यवस्थापन ना भईला से बारा के नागरिक लोग पिडा सहेके बाध्य भईल बा लोग । पप्पु कन्ट्रकसन के संचालक मधेसी दल के नेता रहला के बबजुदो बारा जिल्ला खातिर क्यान्सर जैसन भईल स्थानिय लोग आरोप लगईले बा लोग । बारा के करिब ४० प्रतिशत भौतिक पुर्बाधार के ठेक्का लेला के बाद भी समय मे काम ना खतम कईला से बारा के विकास के काम रुकल रहेला ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here