पब्लिक एफ एम के सात दिवसीय “आधारभूत रेडियो पत्रकारिता तालीम” शुरू

230

वीरगंज, चईत २०

आजू वीरगंज के जनता के मज़बूत आवाज़ रेडियो पब्लिक एक एम १०४.४ MHz द्वारा “आधारभूत रेडियो पत्रकारिता तालीम” के सात दिवसीय कार्यक्रम के उद्घाटन नेपाल पत्रकार महासंघ, पर्सा के भवन में भईल। पब्लिक एक एम के निदेशक आ कोशिश फाउंडेशन, पर्सा के संजोजक मदन गुप्ता के सभापतित्व में दीप प्रज्ज्वलित कके बड़ा सादगीपूर्ण ढंग से उक्त कार्यक्रम के उद्घाटन कार्यक्रम शुरू भईल।

आधारभूत रेडियो पत्रकारिता के संदर्भ में नवआगंतुक पत्रकारन में सम्बंधित विषय प आपन राय रख देवे खातिर प्रमुख अतिथि के रूप में नेपाल पत्रकार महासंघ, पर्सा के उपाध्यक्ष अनूप तिवारी एवं विशिष्ट अतिथि के रूप में समाजिक अभियंता ओम प्रकाश सर्राफ़, दाईजो तथा समाजिक कुरीति विरोध अभियान संस्था के अध्यक्ष बृजेश्वर चौधरी, डॉ. दीपेन्द्र चौधरी, बिंदास एक एम से आर सी यादव, नेपाल भोजपुरी समाज के सचिव रितु राज जईसन आऊर लोग के भी समुपस्थिति रहे।

पत्रकारिता में नाम-दाम दूँनू बा कहत ओम प्रकाश सर्राफ़ पत्रकारिता के इतिहास पर भी प्रकाश डलनीं। उ बतवनीं जे १६९० में पहिलका बेर जवन समाचार पत्रिका निकलल ओकरो नाम संजोग से पब्लिक रहे। एहितरे अनूप तिवारी जी पत्रकारिता के अपन १५ साल के तीत-मीठ अनुभव साझा कईनीं। ओम प्रकाश सर्राफ़ के बात से सहमति जतावत उहाँ के भी कहनाम रहे कि पत्रकारिता में नाम आ दाम कमाए खातिर अपना-आप के दक्ष करल सबसे ज़रूरी बा।

विशिष्ट अतिथि लोग द्वारा रेडियो पत्रकारिता से समाज पर पड़ सके वाला प्रभाव के बारे में विस्तृत प्रकाश डालल गईल। वीरगंज में रेडियो पत्रकारिता के जानल-मानल नाम, पब्लिक एक एम के स्टेशन मैनेजर राजेन्द्र सिंह राजपूत कार्यक्रम के उद्घोषण के ज़िम्मेवारी अपनही लेले रहनीं। उहाँ आपन शब्दन से तालीम में सहभागी हो रहल बच्चन में ऊर्जा संचार करत रहनीं। एहितरे कार्यक्रम के सभापति मदन गुप्ता रेडियो पत्रकारिता के क्षेत्र में नवप्रवेशी सबकेहू के सफलता के मंत्र के रूप में चारगो D (discipline, desire, dedication, determination) अपनावे के बात कहनीं।

तालीम में सहभागी बच्चन से रेडियो पत्रकारिता से समाज में सकारात्मक बदलाव ले आवे के अपेक्षा राखत उहाँ सबके शुभकामना देहनीं। तालीम में हिस्सा ले रहल सभे सहभागी में आवे वाला भविष्य में पत्रकारिता से कुछ क देखावे के जज़्बा लउकल। राजेन्द्र सिंह बतवनीं जे वीरगंज के वरिष्ठ आ अनुभवी पत्रकारन द्वारा चईत २० गते से चईत २७ गते तकले ई तालीम के कार्यक्रम चली। ई कार्यक्रम में समाजिक अभियंता प्रकाश थारू, शैलेंद्र त्रिपाठी के साथे-साथे आऊर भी गणमान्य व्यक्ति के उपस्थिति रहे। बाद में चाय-नाश्ता के साथ उद्घाटन सत्र के सुखद समापन भईल।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here