पब्लिक पोलिसी के प्रदेश उपाध्यक्ष में तिवारी आ सदस्य में मिश्र चयन

 पब्लिक पोलिसी के प्रदेश उपाध्यक्ष में तिवारी आ सदस्य में मिश्र चयन

वीरगंज, २३ भादो ।
वीपी कोइराला स्कूल ऑफ पब्लिक पोलिसी प्रदेश २ के उपाध्यक्ष आ सदस्य में ने. वि. संघ पर्सा के दु जने पदाधिकारी चयन भईल बा लोग ।
स्कूल ऑफ पब्लिक पोलिसी प्रदेश २ के उपाध्यक्ष
ने वि संघ पर्सा के सभापति विकास तिवारी आ सदस्य में ने वि संघ पर्सा के केशव मिश्र चयन भईल बा लोग ।
ने वि संघ पर्सा के तिवारी आ मिश्र के स्कूल ऑफ पब्लिक पोलिसी प्रदेश २ से प्राप्त भईल पत्र में क्रमश : उपाध्यक्ष आ सदस्य में चयन भईल लोग लिखल बा ।
नेपाली कांग्रेस के संस्थापक विशेश्वर प्रसाद कोइराला के सिद्धांत आ आधारभूत मान्यता के नवका पीढ़ी के युवालोग में पहुँचावे के वीपी कोइराला स्कूल ऑफ पब्लिक पोलिसी के स्थापना भईल बा ।
तिवारी आ मिश्र के चयन के बाद प्रदेश के युवा लोग के क्षमता विकास, लोकतांत्रिक मूल्य आ मान्यता के सामाजिक रूप में व्यापक बनावे ख़ातिर अउरी सहयोग पहुँची संयोजक फिरोज आलम द्वारा हस्ताक्षरित पत्र में लिखल बा ।
ओइसे ही वीरगंज के ठाकुर राम बहुमुखी क्याम्पस के युवा नेता यूसुफ आलम भी स्कूल ऑफ पब्लिक पोलिसी के सदस्य में चुनाइल बाड़े ।

 

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *