परसवा गोल्डकप : वीरगंज के शानदार जीत

236

वीरगंज, ८ कार्तिक ।

जिराभवानी गांवपालिका में जारी परसवा गोल्डकप फुटवल प्रतियोगिता के बियाफ़े के पहिलका खेल बराबर पर खतम भइल । हाम्रो फूटबल क्लब वीरगंज आ न्यू पञ्चम यूवा क्लब देकुली धर्मपुर बीच भईल प्रतिस्पर्धा १/१ गोल के बराबर पर खतम भईल । वीरगंज के तर्फ से जर्सी नं १४ का खेलाडी कृपा चौधरी एक गोल कईले त ओकर प्रतिउत्तर में देकुली धर्मपुर के जर्सी नं १३ के शिवकुमार दास द्वारा १ गोल करत खेल बराबरी पर ला देहले । निर्धारित समय भीतर दुनु टिम के एक/एक गोल ही रहला से खेल बराबरी में खतम भईल । पहिलका खेल में हाम्रो फुटबल क्लव वीरगंज के जर्सी नं ४ के खेलाडी अनिल पटेल के म्यान अफ दि म्याच घोषित कईल आयोजक जनवले बा।

ओइसही आजूए भईल दोसर खेल में वीरगंज युनाईटेड क्लब द्वारा परसवा फुटवल क्लव के १ के विरुद्ध ८ गोलसहित बड़का अन्तर से पराजित कईले बा । प्रतियोगिता में विरगंज युनाइटेड के जर्सि न. ७ के विपिन कडेल अकेले ५ गोल कईले रहले । ५ गोल करेवाला कडेल दुसरका खेल के मैन अफ दि म्याच घोषित भईले । आजू के खेल दक्षिण पश्चिम सुगौली आ युवा स्पोर्ट क्लव वीरगंज विच होखे के कार्यक्रम रहल बा । साभार ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here