परीक्षार्थी चिट चोरईलख कहते सिरहा मे दु गो केन्द्राध्यक्ष आ एगो निरीक्षक निष्कासित

78

राजेश अभिराज यादव

लहान, ८ चईत

आजु से शुरु भईल माध्यमिक शिक्षा परिक्षा (एसईई) मर्यादित ढंग से संचालन ना भईल कहते सिरहा के दु गो परिक्षा केन्द्र के केन्द्राध्यक्ष आ एगो निरीक्षक आजु निष्कासित कईल गईल लोग | इलाका प्रशासन कार्यालय लहान के प्रमुख सोम प्रसाद भटराई के नेतृत्व मे खटल परिक्षा अनुगमन टोलि मर्यादित तरिका से परिक्षा संचालन ना भईल आरोप लगावते लहान स्थित पशुपति आदर्श माबि के परिक्षा केन्द्र के केन्द्राध्यक्ष परमेश्वर राय आ ब्र्माहण गोर्छारी परिक्षा केन्द्र के केन्द्राध्यक्ष रामभजन साह के निस्कासन कईल गईल सिरहा के जिल्ला शिक्षा अधिकारी महेन्द्र महतो जानकारी देहले | ओइसेहि परिक्षा मे परीक्षार्थी चिट चोरावे के सहयोग कईलन आरोप लगावत ब्र्माहण गोर्छारी परिक्षा केन्द्र मे खटल परिक्षा निरीक्षक गौरी नारायण यादव के भी निस्कासन कईल गईल जि शि अ महतो बतवले |

निस्कासन कईल स्थान पर बिहान से दोसर केन्द्राध्यक्ष आ निरीक्षक लोग परिक्षा संचालन करी लोग जि शि अ महतो बतवले |  ओइसे हि सिरहा के तिन गो परिक्षा केन्द्र के केन्द्राध्यक्ष के सचेत करावल गईल आ  अन्य परिक्षा केन्द्र मे शान्तिपूर्ण रुप मे आजु के परिक्षा सम्पन्न भईल बतवले | यी साल के एसइई परिक्षा मे जिल्ला के ७६ सामुदायिक आ ५७ संस्थागत बिद्यालय सहित १३३ बिद्यालय के परिक्षा मे सिरहा से नियमित से ९ हजार २८४ आ एक्जाम्टेड से ५९३ कर के नौ हजार आठ सय सतह्तर परीक्षार्थी सहभागी भईल बा लोग जि शि अ महतो जानकारी करवले |

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here