पर्यटन साल २०२० खातिर काठमाण्डू से पटना मोटरसाईकिल यात्रा

191

वीरगंज, २९ सावन ।

भिजिट नेपाल २०२० के परवर्द्धन खातिर नेपाल से मोटरसाइकिल यात्रा शुरू भईल बा । फोर नेपाल संस्था के आयोजना मे २० जने मोटरसाइकिल चलवनिहार के समूह के यात्रा नेपाल के राजधानी काठमाण्डू से भारत के पटना तक के यात्रा तय भइल बा ।

कुछ दिन आगा शुरू भईल फोर नेपाल के मोटरसाइकिल यात्रा काठमाण्डू, पोखरा होते हुवे वीरगंज चहुपल बा । बीतल रात करीबन ८ बजे वीरगंज के हृदय घण्टाघर चौक मे पहुचल मोटरसाइकिल यात्री समूह के सदस्य लोग के आस्था नेपाल पुनर्स्थापना केंद्र वीरगंज स्वागत कईले बा ।

आस्था नेपाल के गौरव वर्मा के नेतृत्व मे भईल स्वागत कार्यक्रम मे आफताब खान, कमल शर्मा, सुबाश झा, संदीप साह, नितेश वर्णवाल, आदित्य गुप्ता समेत्त के लोग भ्रमण समूह के सदस्य लोग के दोसल्ला ओढा के सम्मान कईले रहे लोग ।

पर्यटन बर्ष २०२० के परवर्द्धन आ प्रचार के खातिर शुरू भईल मोटरसाइकिल यात्रा के सफलता के शुभकामना ब्यक्त करत आस्था नेपाल के वर्मा मोटरसाइकिल भ्रमण समहू के सदस्य लोग के वीरगंज मे स्वागत कईले रहले । काठमाण्डू, पोखरा होते हुवे वीरगंज आ के पहुचल यात्रा के अंतिम यात्रा स्थल भारत बिहार के राजधानी पटना मे जा के पूरा होई ।

लागू औषध दुर्ब्यावस्न मे लागल युवा लोगके पुनर्स्थापना करे के काम मे नेपाल बितल बहुते समय से सक्रिय बा । साथ साथे सामाजिक उतारदायित्व पूरा करत अनेकन काम भी करत आइल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here