पर्साके कोरोना संक्रमित मेडिकल दोकानमे कार्यरत, स्वाब देहलाके बाद दोस्तनके संघे पार्टी ।

    1848

    वीरगंज, ४ जेठ ।

    पर्सा वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १२ मे शनिचरके दिने मिलल २८ सालके कोरोना संक्रमित दवाई दोकानमे काम करत आइलके बात खुलल बा । संक्रमितके कंटेक्ट ट्रेसिंग मे वाड नम्बर ३ वीरता मे रहल ॐ अस्पताल स्थित दवाई दोकानमे कार्यरत रहलके बात खुलल ।

    आपन दीदीके घरमे रहत आइल उ वाड नम्बर ३ मे कोरोना भाइरसके संक्रमण फईललाके बाद परीक्षण खातिर स्वाबके नमूना देहले रहले । नमूना देहलाके बाद उ वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १२ मुर्लीमे रहल आपना घरे वापस आइल रहले । बहुत दिनके बाद घरे वापस आईलाके कारण उ २ गते संझिया १०/१२ जने संघतीयाके संघे गेट टुगेदर पार्टी देहले रहले एकर खुलासा भी भईल, प्रहरी जानकारी देहले बा ।

    ओइसे ही उ स्थानीय सौलूनमे दाढ़ी कटवावे गईल आ ओहि दिने उ दाढ़ी काटेवाला हाजाम भी औरी २० जनेके दाढ़ी आ केश कटले बाड़े यी बातके खुलासा भईल बा । ओकरा बाद भी उ टोला भर घुमलके बात स्थानीय लोग से जानकारी भईल बा । अभी तक उ क्षेत्रके सील नईखे कईल गईल आ दोसर लोगके भी नमूना परीक्षण नईखे भईल स्थानीय लोगके आरोप बा । रातोपाटी

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here