पर्सागढी नगरपालिका के प्रथम नगर सभा द्वारा पारित निति तथा कार्यक्रम सार्बजनिक

    133

    पर्सा, १५ चैत ।
    पर्सागढी नगरपालिका के प्रथम नगर सभा द्वारा पारित आ.व. २०७४÷०७५ के निति, कार्यक्रम आ बजेट आजु सार्बजनिक कइल गइल बा । पर्सागढी नगरपालिका के वडा नं. ८, हरपुर मे आयोजित बजेट सार्बजनिकरण कार्यक्रम मे नगर उप प्रमुख अर्चना चौधरी से जम्मा बजेट रु ३९ करोड २० लाख ९३ हजार १ सय ८५ बराबर के निति आ कार्यक्रम सार्बजनिक कइल गइल । जेमे चालुगत ३ करोड ४८ लाख १६ हजार एक सय, पूंजिगत १५ करोड ३२ लाख ८२ हजार, स सस्त्र १८ करोड ९४ लाख ९५ हजार आ अन्य तथा राजश्व बांडफाड एक करोड ४५ लाख रहल उप प्रमुख चौधरी प्रस्तुती मार्फत जनइली ।
    नगर प्रमुख लोकनारायण यादव के अध्यक्षता मे भइल बजेट सार्बजनिकरण कार्यक्रम के उदघाटन पूर्व मन्त्री समेत रहल नेपाली काङग्रेस के केन्द्रिय सदस्य अजय चौरसिया कइले रहलन । कार्यक्रम के प्रमुख अतिथी समेत रहेल केन्द्रिय सदस्य चौरसिया बजेट सार्बजनिरकण कार्यक्रम मे सुभकामना मन्तब्य राख्त बजेट सब क्षेत्र के समेटल बतइलन ।
    बजेट सार्बजनिकरण कार्यक्रम के बिशिष्ट अतिथी प्रदेश सभा सदस्य राजेश्वर साह रहल रलन । कार्यक्रम के संचालन गिरि राज कडेल से कइल गइल रहे त स्वागत भाषण प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत कृष्ण प्रसाद लम्साल से कइल गइल रहे । कार्यक्रम मे नरपालिका कार्यालय के समाजिक बिकास शाखा के प्रदिप चौरसिया, अशोक चौधरी, सब वाड के वडा अध्यक्ष लोग, वडा सदस्य लोग लगायत स्थानिय सब के भी उलेखनिय सहभागिता रहल रहे । नगरपालिकाका के प्रथम नगर सभा सर्ब सहमत भइल नगर प्रमुख यदाव बतइनी ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here