पर्सा आ बारा में स्वास्थ्यकर्मी, संचारकर्मी आ सुरक्षाकर्मी सहित १५६ जने संक्रमित

 पर्सा आ बारा में स्वास्थ्यकर्मी, संचारकर्मी आ सुरक्षाकर्मी सहित १५६ जने संक्रमित

वीरगंज, ०७ भादो ।

बिमला गुप्ता । पर्सा आ बारा में अउरी १५६ जने में कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । तीन साल के लइका से ले के ७० साल तक के वृद्ध तक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल वीरगंज जानकारी करवले बा । स्वास्थ्यकर्मी, संचारकर्मी आ सुरक्षाकर्मी समेत १५६ जने में कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

नारायणी अस्पताल पीसीआर प्रयोगशाला शनिबार अबेर रात के सार्वजनिक कईल रिपोर्ट अनुसार ३२० गो नमुना परीक्षण से बारा के ११ आ पर्सा के १४५ कर के कुल १५६ जने में कोरोना संक्रमित पुष्टि के जानकारी मिलल ।

संक्रमित में से वीरगन्ज के नेशनल मेडिकल कलेज तथा शीक्षण अस्पताल, तराई हस्पिटल एण्ड रिर्सच सेन्टर पावरहाउस आ भवानी हस्पिटल एण्ड रिसर्च सेन्टर लिंकरोड के कर के ५ डाक्टर सहित कुछ स्वास्थ्यकर्मी भी संक्रमित भईल बा लोग।

ओइसे ही, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के कुछ सुरक्षाकर्मी भी संक्रमित भईल बा लोग । ओइसे ही नारायणी एफएम १०३ दशमलव ८ मेगाहर्ज के ५ जने सञ्चारकर्मी आ कर्मचारी भी संक्रमण के चपेट में आईल बा लोग ।

आईतबार सबरे तक पर्सा में अउरी १४५ जने आ पुराना १ हजार ७ सय ९० जने कर के कुल १ हजार ९ सय ३५ जने संक्रमित पहुचल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के संकट व्यवस्थापन केन्द्रले जानकारी देले बा ।

 

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *