पर्सा आ बारा में १८ जने में कोरोना संक्रमण पुष्टि

 पर्सा आ बारा में १८ जने में कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज, २९ भादो ।

एक ओर परिक्षण के दायरा घटत जाता दोसरा ओर विरगंज माहानगरपालिका फेर  pcr मेसिन किने ख़ातिर व्यस्त देखल जा रहल बा । कोरोना अस्पताल में बीमार आदमी ना भईला से बन्द कईल जा रहल बा त दोसरा ओर नया कोरोना अस्पताल के उद्धघाटन समारोह हो रहल बा ।
यी अवस्था मे आजु पर्सा आ बारा के अउरी १८ जने में कोरोना संक्रमण के पुष्टि भईल बा । नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला में एतवार के संझिया कईल परीक्षण में पर्सा के ८ आ बारा के 1१० जने में कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

२९० जने के स्वाब नमूना परीक्षण कइला पर ५ महिला समेत १८ जने में कोरोना संक्रमण देखल गईल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता डा. अतुलेश चौरसिया जानकारी करवले । संक्रमित में १७ साल के उमर से ले के ७४ साल तक के बा लोग ।
उ लोग के सिटी भ्यालु १५ से ले के २४ तक रहल बा प्रवक्ता डा. चौरसिया बतवले । संक्रमित होखे में पर्सा वीरगंज महानगरपालिका के ५ जने, बड़ेरवा, परवानीपुर आ पटेरवा सुगौली गावं पालिका के १/१ जने रहल बा लोग । ओइसे ही बारा जीतपुर सिमरा के ६ जने, सिमरौन गढ़ के ३ जने आ सवर्ण गावं पालिकाका के १ जने संक्रमित रहल बाड़े ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *