पर्सा एक बेर फेर शर्मशार भइल ५ वर्ष के लड़की के बलत्कार से

151
प्रतिकारात्मक तस्बिर

वीरगंज, १५ पुस ।

पर्सा जिल्ला एक बेर फेर से शर्मशार भइल एगो ५ वरिष के लइकी के वलात्कार से । पर्सा के पकाहा मैनपुर गांवपालिका वडा नं. १ के रहनियार ५ वरिष के बच्ची बलात्कार के सिकार भइल बाड़ी ।

एतवार के सझिया ३ बजे के समय में घर के अंगनाइया में खेल रहल अवस्था में बचिया के पड़ोसी द्वारा चकलेट के बाहाना में बहलाह – फुसलाह के आपन घर में ले जा के बलात्कार कईल पीड़ित के बापमतारी बतईले बा लोग ।

कुकृत्य करत बेर बच्ची के चिचियाइला के बाद बच्ची के बाबु-मतारी उ अपराधी के घर में गईला बाद अपराधी बच्ची के घर में छोड़ के उहवा से भाग गईल रहे ।

बच्ची के अवस्था गम्भिर रहल देखला के बाद अभिभावक द्वारा चेकजाच खातिर अस्पताल में लेजाए के चहला पर निज अपराधी के परिवार आ टोल के कुछ लोग द्वारा उक्त बलात्कार के बात लिकावे ख़ातिर दबाब समेत देहले रहे ।

ओह लोगन के दबाव में ना पर के बच्ची के बाबु-माई प्रहरी के जानकारी देके बच्ची के नारायणी उपक्षेत्रिय अस्पताल में चेकजाच करावे लियाईल बाड़े ।

फरार रहल अपराधी के प्रहरी खोजतलास कर रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय क्राइम ब्रान्च के प्रहरी निरिक्षक राजेश दत्त जानकारी देहले बानी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here