पर्सा के अउरी ८० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

 पर्सा के अउरी ८० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज, १४ भादो ।

वीरगंज मे रहल नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे ६ महिना के बच्चा से ले के ९७ साल के उमर तक के ८० जने मे कोरोना पुष्टि भइल बा ।

संक्रमित मे से ४७ जने पर्सा के, ३० जने बारा के, मोरङ आ काठमाण्डू के १/१ जने रहल बा लोग । पर्सा के पोखरिया मे ही खाली १२ जने मे संक्रमण पुष्टि भइल बा ओइसे ही बाकी संक्रमित वीरगंज महानगरपालिका से रहल बा लोग ।

बारा के विश्रामपुर गांवपालिका के ३ जने, महागढ़ीमाई नगरपालिका के २ जने। जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के २ जने आ कलेया उपमहानगपलिका के अनेकन वाड से संक्रमित लोग भेटाइल बा ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *